[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली, यूपी, बिहार समेत उत्तर भारत में भीषण गरमी, मुंबई में झमाझम बरखा, जानीं मौसम के हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर भारत में गरमी के लहर जारी बा। लोग के तपल गरमी के सामना करे के पड़ता। भारी बरखा के चलते मुंबई अवुरी आसपास के इलाका में मौसम सुखद हो गईल बा। राजधानी दिल्ली में गरमी के लहर के तबाही जारी बा। तपत गरमी के चलते दिल्ली के जनता के भी पानी अवुरी बिजली के कमी के सामना करे के पड़ता।

गरमी के लहर से तबाही जारी रही

मौसम विभाग के अनुमान के मुताबिक उत्तर प्रदेश के बहुत इलाकन में 14 से 16 जून के बीच गरमी के लहर तबाही मचावत रही। जबकि पश्चिम बंगाल, बिहार, झारखंड के 14 अवुरी 15 जून के कड़ा गरमी के सामना करे के पड़ी। पंजाब, हरियाणा अवुरी चंडीगढ़ में भी अगिला पांच दिन ले गरमी के लहर जारी रही। उत्तर पश्चिम राजस्थान, उत्तर पश्चिम मध्य प्रदेश में भी भयंकर गरमी रही।

मुंबई में भारी बारिश

दूसर ओर मुंबई में भईल भारी बरखा से लोग के राहत मिलल बा अवुरी तापमान में गिरावट दर्ज भईल बा। मौसम विभाग असम, मेघालय, गोवा आ ओडिशा के कुछ हिस्सा में बरखा के अनुमान लगवले बा. आंध्र प्रदेश, लक्षद्वीप, अंडमान आ निकोबार द्वीप समूह, कर्नाटक, पूर्वोत्तर भारत, सिक्किम, दक्षिण-पश्चिम मध्य प्रदेश, दक्षिण गुजरात आ जम्मू-कश्मीर में हल्का से मध्यम बरखा के अनेसा बा. दूसर ओर मुंबई में हाई टाइड के लेके अलर्ट जारी कईल गईल बा। शाम 5.46 बजे समुद्र में 3.62 मीटर ले ऊंच लहर पैदा हो सकेला।

सामान्य से चार फीसदी कम बरखा भइल

मौसम विभाग अपना पूर्वानुमान में कहलस कि एह मानसून के पहिला बारह दिन में देश भर में कुल बरखा सामान्य से चार फीसदी कम भइल आ उत्तर-पश्चिम भारत में 53 फीसदी कम बरखा भइल. दूसर ओर दक्षिण भारत में एक जून से 12 जून ले के दौरान सामान्य से 60 प्रतिशत जादा बरखा भईल। मौसम विभाग के कहल बा कि 19 जून के आसपास दक्षिण पश्चिम मानसून के अउरी आगे बढ़े खातिर हालात अनुकूल होखे के संभावना बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]