Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रसिद्ध रेडियो अनाउंसर अमीन सयानी के निधन, 91 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

636

 

अपना आवाज से घर के नाम लोकप्रिय रेडियो अनाउंसर अमीन सयानी के निधन हो गइल। उ 91 साल के उमिर में आपन आखिरी सांस लेले। जानकारी के मुताबिक मंगल के रात उनुका दिल के दौरा पड़ल, ओकरा बाद उनुका के मुंबई के एचएन रिलायंस अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां उs अंतिम सांस लिहले।

अमीन सयानी अपना आवाज आ कार्यक्रम के प्रस्तुति से देश में ना विदेशो में प्रसिद्धि हासिल कइलन। उनकर मशहूर कार्यक्रम बिनाका गीतमाला रेडियो सिलोन पs प्रसारित भइल। अमीन सयानी 1951 में आपन रेडियो कैरियर शुरू कइले रहले।

 

745960cookie-checkप्रसिद्ध रेडियो अनाउंसर अमीन सयानी के निधन, 91 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.