बस 99 रोपया मे देखी PVR मे कवनो फिलिम ; जानी कइसे उठा सकेम ऑफर के लाभ

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2024

जदि रउवो सिनेमा लभर हईं तऽ खबर भोजपुरी रउवें ला इ ऑफर के खबर लीयाईलऽ बा। PVR दे रहल बा एह सुक माने 23 फरवरी के सिनेमा परेमियन के बड़हन ऑफर। का बा ऑफरS आवे

Share

जदि रउवो सिनेमा लभर हईं तऽ खबर भोजपुरी रउवें ला इ ऑफर के खबर लीयाईलऽ बा।

PVR दे रहल बा एह सुक माने 23 फरवरी के सिनेमा परेमियन के बड़हन ऑफर।

का बा ऑफरS

आवे वाला 23 फरवरी के फिल्मी फ्राइडे पs PVR ionex दे रहलS बा फिलिम टिकटS पS बड़हन छूट।

बॉलीवुड/ हॉलीवुड फिल्मन में रुचि रखे वाला लोगन खातिर इ ऑफर खुशी के लहर लिया देले बा । एह दिने रउवा आपन पसंदीदा फिल्म कम दाम में देख सकेम।

PVR मनावतS बा सिनेमा लवर डे 

रउवा के बता दी की PVR CINEMAS भारत के हर कोना में बा , प्रिया विलेज रोडशो (PVR) एगो सिनेमा हॉल के चैन हs जहवां सिनेमा परेमी आपन पसंदीदा फिलिम देखेले ।

एह सूक के माने 23 फरवरी 2024 के PVR में सिनेमा लवर डे मनावलS जाता, अइसे में मात्र 99 रोपया में रउवा आपन पसंदीदा फिल्म देख सकत बानी । इ ऑफर समूचा PVR INOX pictures में बा । रउवा अपना नजदीकी PVR INOX में एह ऑफर के लाभ उठा सकत बानी

PVR सिनेमा मेन स्ट्रीम सीट के दाम ₹99 रखले बा तS उहवे रिक्लाइनर सीटनS के दाम कम कई के 199 रोपया रख देवल गइलs बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.