[the_ad_group id="30365"]

अंबानी परिवार के धमकी देवे वाला बिहार से कइल गइल गिरफ्तार, मुंबई ला रहल बा पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई स्थित रिलायंस फाउंडेशन के अस्पताल के बम से उड़ावे अउरी अंबानी परिवार के सदस्यन के जान से मारे के धमकी देवे वाले आदमी के बिहार से गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।
धमकी के मामिला में मुंबई पुलिस दरभंगा से एगो आरोपी के हिरासत में लिहले बा। ओके मुंबई लाया जा रहल बा। रिलायंस के प्रवक्ता बतवलें कि सर एचएन रिलायंस फाउंडेशन हॉस्पिटल के कॉल सेंटर के बुध दुपहर अउर साँझ ले दू बेर फोन कs के ई धमकी दीहल गइल रहे। आरोपी अस्पताल के बम से उड़ावे अउरी मुकेश, नीता, आकाश अउरी अनंत अंबानी के हत्या करे के धमकी लैंडलाइन फोन नंबर पर मिलल रहे।
पुलिस अधिकारी बतवलें कि संदिग्ध आरोपी के बुध के आधी रात के पकड़ल गइल। आरोपी देश के शीर्ष उद्योगपति मुकेश अंबानी के मुंबई स्थित निवास एंटेलिया के भी उड़ावे धमकी देहले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]