[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: गीडा में भूमि पूजन के संगही औद्योगिक गोदाम के निर्माण कार्य सुरू, मिली हर तरे के सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) क्षेत्र में उद्यमियन के माल भंडारण खातिर अब दिक्कत ना होई। काहेकि एह इलाका में सेंट्रल वेयरहाउसिंग कॉरपोरेशन (सीडब्ल्यूसी) के तरफ से 1.20 लाख वर्गफुट क्षेत्रफल में औद्योगिक गोदाम बनवावल जाई। सीडब्ल्यूसी के ई यूपी में पहिला औद्योगिक गोदाम होई। मंगर के गीडा इंडस्ट्रियल एरिया में भूमि पूजन के संगे एह प्रोजेक्ट के निर्माण कार्य के सुभारंभ हो गइल।

सेंट्रल वेयर हाउसिंग कॉरपोरेशन गोदाम निर्माण खातिर जमीन के मांग कइले रहे। गीडा के तरफ से सीडब्ल्यूसी के 5.5 एकड़ जमीन आवंटित कइल गइल बा। भूमि आवंटन प्रमाण पत्र नवंबर 2022 में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सीडब्ल्यूसी के समूह महाप्रबंधक शिवानंद राय के सउपलें रहस।

एकरा बाद इहां उत्तर प्रदेश के पहिला इंडस्ट्रियल वेयरहाउस बनावे खातिर करीब 50 करोड़ रुपिया के निवेश कइल जा रहल बा। मंगलर के इंडस्ट्रियल वेयरहाउस के निर्माण के भूमि पूजन सम्पन्न भइल। एकरा क्रियाशील होखला पs करीब एक हजार लोगन के रोजगार मिली। एह दौरान अलग-अलग कंपनियन के अफसर मवजूद रहल लो।

सीडब्ल्यूसी के समूह महाप्रबंधक शिवानंद राय के कहनाम बा कि समूचा यूपी में निवेश के माहौल बा। गीडा में बड़ पैमाना पs निवेश हो रहल बा। अइसन में भंडारण सुविधन के मांग स्वाभाविक रूप से बढ़ी। इहां उद्योगन के भंडारण आ वितरण के सुविधा उपलब्ध करावे खातिर सीडब्ल्यूसी 20000 टन क्षमता के वेयरहाउस के सुविधा दी।

वेयरहाउस सब आधुनिक आ तकनीकी सुविधन से युक्त होई। एह वेयरहाउस में प्रदूषण मुक्त औद्योगिक प्रक्रिया के सम्पन्न करे के सुविधो मिली। जइसे कुछ उपकरणन के असेंबलिंग कइल जा सकत बा भा फूड प्रोसेसिंग के पैकेजिंग के काम कइल जा सकी। शिवानंद राय बतवलें कि सीडब्ल्यूसी के कुल 458 वेयरहाउस में से 43 यूपी में बा।

उद्यमियन के मिली हर तरे के सुविधा आ सहूलियत

गीडा के मुख्य कार्यपालक अधिकारी पवन अग्रवाल कहलें कि उद्यमियन के ओह लोगन के जरूरत आ पसंद के मोताबिक भूखंड उपलब्ध करावल जा रहल बा। इहां उद्यमियन के हर तरे के सुविधा आ सहूलियत देवे में कवनो कसर ना छोड़ल जाई। सीडब्ल्यूसी के प्रोजेक्ट से उद्योगन के माल के भंडारण के बढ़िया सुविधा मिल जाई। एसे रोजगारो बढ़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]