[the_ad_group id="30365"]

LPG Cylinder Price: अगस्त के पहिला दिन खुशखबरी, लगभग 100 रुपिया सस्ता भइल कमर्शियल गैस सिलेंडर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंगर 1 अगस्त के तेल कंपनियन द्वारा कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के कीमत कम कs दिहल गइल बा। आज कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के कीमत करीब 100 रुपिया कम कइल गइल बा। तेल कंपनी आज कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर में 99.75 रुपिया के कटौती कइले बाड़ी सs।

19 किलो वाला कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के दिल्ली में खुदरा बिक्री कीमत आज से 1,680 रुपिया बा। रउआ के बता दीं कि एकरा पहिले 4 जुलाई 2023 के कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कीमत में 7 रुपिया के बढ़न्ती कइल गइल रहे।

आउर शहरन में का बा सिलेंडर का भाव?

ओहिजा कोलकाता में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कीमत 1802.50 रुपिया बा, मुंबई में ई 1640.50 रुपिया, चेन्नई में कमर्शियल सिलेंडर के कीमत 1852.50 रुपिया बा। इहां धेयान देवे वाली बात ई बा कि कमर्शियल सिलेंडर के वजन 19 किलोग्राम होला ओहिजा घरेलू गैस सिलेंडर के वजन 15 किलो से साढ़े 16 किलोग्राम तक होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]