[the_ad_group id="30365"]

 आलिया भट्ट के १०० करोड़ के फिलिम २०० करोड़ से अधिका के कमाई, जितली १२ अवॉर्ड बाकिर नाहीं रहली पहिला पसंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आलिया भट्ट रॉकीरॉकी और रानी की प्रेम कहानी, आरआरआर, ब्रह्मास्त्र पार्ट वन आ हार्ट ऑफ स्टोन जइसन फिलिमन खातिर जानल जाली। बाकिर उनकर एगो अइसन फिलिम बा जवना के बॉक्स ऑफिस पs दू सौ करोड़ से अधिका के कमाई भइल रहे। अचरज के बात ई रहे कि एह फिलिम में कवनो हीरो ना रहे। एह फिलिम खातिर उनुका 12 गो अवार्ड भी मिलल बा जवना में राष्ट्रीय पुरस्कार भी शामिल बा। बाकिर एकरा खातिर ऊ निर्देशक के पहिला पसंद ना रहली। अब रउरा सभे चिन्ह गइल होखब कि हम कवना फिलिम के बात करत बानी।

हँ, हम बात करत बानी गंगूबाई काठिवाड़ी के, जवना खातिर आलिया भट्ट के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल। एकरा अलावे गंगूबाई काठिवाड़ी फिल्मफेयर आ आईफा में बेस्ट फिल्म, बेस्ट एक्ट्रेस, बेस्ट मेल डेब्यू, बेस्ट म्यूजिक डायरेक्टर, बेस्ट सिनेमेटोग्राफी, बेस्ट स्क्रीनप्ले, बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर आ बेस्ट अडेप्शन स्टोरी के पुरस्कार भी जीत चुकल बाड़ी।

नेटफ्लिक्स पर गंगूबाई काठिवाड़ी के बजट 100 करोड़ रुपिया रहल जवना से दुनिया भर के बॉक्स ऑफिस पs 209.77 करोड़ रुपिया के कमाई भइल। जबकि भारत में एकरा से 153.69 करोड़ रुपिया के कमाई भईल रहे। खबर रहे कि संजय लीला भंसाली के एह फिलिम खातिर पहिला पसंद रानी मुखर्जी रहली। लेकिन मामिला के समाधान ना हो पावल। एकरा बाद आलिया भट्ट के ई मउका मिलल। एकरा अलावे दीपिका पादुकोण अवुरी प्रियंका चोपड़ा के ए फिल्म के रिजेक्ट करे के खबर भी आवत रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]