[the_ad_group id="30365"]

अक्षय कुमार भारतीय नागरिकता मिलला के बाद डलले पहिला बेर वोट, अब कनाडा के ना रहलें, कहले- विकसित बने हमार देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Loksabha election 2024: लोकसभा चुनाव 2024 खातिर पूरा देश वोट करे खातिर अपना बारी के इंतजार कर रहल बा। ओहिजा, मुंबई के लोग वोट डाले पहुंच चुकल बाड़े आ एमें अक्षय कुमार के नाम सबसे पहिले  सामने आ रहल बा। भारत के नागरिकता मिलला के बाद पहिला बेर अक्षय कुमार वोट डाले पहुंचले आ बातो कइले।

कई गो बॉलीवुड एक्टर्स अपना फैंस से वोट देवे के अपना अधिकार के प्रयोग करे के कह रहल बाड़े। अक्षय कुमार, फरहान अख्तर आ जान्हवी कपूर भोरे – भोरे वोटिंग बूथ पs पहुंचले। एएनआई वोटिंग बूथ पs कतार में खड़ा एक्टर के वीडियो शेयर कइले बा। एमें अक्षय कुमार पs सबकर नजर पड़ल, काहेकि उऽ अतना साल से भारत में रहला के बादो पहिला बेर वोट डाल रहल बाड़े।

मीडिया से बात करत घरी एक्टर कहले, ‘ हम चाहऽ तानी कि हमार भारत विकसित आ मजबूत बने। एकरा के ध्यान में राखत हम वोट कइनी। भारत के ओकरा खातिर वोट करे के चाहीं जे उनका नजर में सही बा… हमरा बुझाता कि मतदान के प्रतिशत बढ़िया रही।’

अक्षय कुमार डलले पहिला वोट

जब अक्षय से पूछल गइल कि का उऽ आपन वोट डाले खातिर लाइन में इंतजार कइले, तऽ उऽ मजदार जवाब देले, उऽ कहले, ‘ तऽ हमरा का करे के चाहीं? लाइन तुड़ऽ आ आगे बढ़ऽ ?’ एगो भारतीय नागरिक के रूप में आपन पहिलका वोट डाले के बारे में अक्षय कहले, ‘ हमरा बहुते खुशी, अद्भुत महसूस हो रहलऽ बा।’ अपना अंगुरी पs अमिट स्याही के निशान दिखावत घरी उऽ मुस्कुरइले।

अक्षय बन गइले बाड़े भारत के नागरिक

2023 में स्वतंत्रता दिवस पs, अक्षय कुमार एगो दिलचस्प घोषणा के साथे लोगन के चौंका देले रहले। उऽ खुलासा कइले कि उऽ आपन कनाडाई नागरिकता छोड़ देले बाड़े आ अब उऽ आधिकारिक तौर पs भारत के नागरिक बाड़न। पिछला कुछ बरिसन में, अक्षय के नागरिकता लोगन के बीच चर्चा के विषय बनल आ एकरा से एक्टर के ढेर आलोचनो भइल बा। उऽ 2019 में भारतीय पासपोर्ट खातिर आवेदन  कइले रहलें बाकिर कोविड के चलते प्रक्रिया में देरी हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]