[the_ad_group id="30365"]

वोट देले के बाद एs बात पs भड़कले धर्मेंद्र, उखड़त दिहले जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के पांचवा चरण के वोटिंग काल भइल. मुंबई में वोटिंग के दौरान तमाम बड़का सितारा वोट देवे खातीर मतदान केंद्र पs पहुंचले। दिग्गज अभिनेता धर्मेंद्र भी आपन वोट डाल के पैपाराजी के सोझा आपन स्याही वाला अंगुरी देखावत पोज देले। बाकीर एही बीच मीडिया के एगो सवाल पs धर्मेंद्र बहुत नाराज हो गईले। दरअसल पैपाराजी अवुरी मीडिया के कैमरा चारो ओर से घेर लेले रहे अवुरी भीड़ के चलते उनुका ठीक से चले खातीर जगह तक ना मिल पावल रहे। एही बीच एगो सवाल धर्मेन्द्र के गुस्सा के कारण बन गईल।

मुंबई के जुहू इलाका के जमनाबाई नरसी स्कूल में 88 बरीस के धर्मेन्द्र आपन वोट दिहले. एह दौरान उनुका के लाल रंग के चेक शर्ट अवुरी डेनिम में देखल गईल। एकरा संगे उs करिया रंग के टोपी भी पहिनले रहले। जब धर्मेंद्र सज-धज के निकलले तs मीडिया अवुरी पैपाराजी के कैमरा उनुका के घेर लेले।

धर्मेन्द्र कहले- बतावे के चाहत बानी..

वीडियो में धर्मेंद्र के कहनाम सुनाई देता कि, ‘नीक शहरी बनी, देशभक्त बनी, अपना माता-पिता से प्यार करीं…रउआ तs जानते बानी कि का चाहतारे कि हम कही’। इहे कहत धर्मेन्द्र आगे बढ़ेले। वायरल वीडियो देखला के बाद लोग पैपाराजी के अयीसन रवैया पs नाराजगी जतावतारे। बता दीं कि एकरा से पहिले हेमा मालिनी अपना बेटी एशा देओल के संगे वोट डाले खातीर पोलिंग बूथ पs जात देखाई देली। सनी देओल भी उहाँ आपन वोट डाले अइले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]