[the_ad_group id="30365"]

शिखर धवन के पोस्ट देख अक्षय कुमार के आंख भइल नम, बोलले- ‘ एसे जादा दर्दनाक…’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारतीय स्टार क्रिकेटर शिखर धवन के अपना पत्नी आयशा मुखर्जी से अक्टूबर में तलाक हो गइल रहे। ओपनर शिखर धवन के बेटा ज़ोरावर धवन के लेके टीम इंडिया बहुत भावुक बिया। शिखर धवन अपना बेटा ज़ोरावर खातिर सोशल मीडिया पs पोस्ट शेयर करत रहेलें। हाल ही में शिखर धवन अपना बेटा ज़ोरावर के जन्मदिन पs एगो भावुक पोस्ट शेयर कईले रहले, जवना के देखला के बाद केहु के आँख भर जाता। एह पोस्ट पs प्रतिक्रिया देत अक्षय कुमार शिखर धवन के समर्थन कइले बाड़न। अक्षय कुमार के रिएक्शन सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

शिखर धवन के पोस्ट पs अक्षय कुमार प्रतिक्रिया देले

अक्षय कुमार क्रिकेटर शिखर धवन के इमोशनल पोस्ट पs प्रतिक्रिया देले बाड़े, जवन कि उ अपना बेटा ज़ोरावर के जन्मदिन पs शेयर कईले रहले। शिखर अपना बेटा के जन्मदिन के शुभकामना इंस्टाग्राम पs अपना कइल वीडियो कॉल के स्क्रीनशॉट पोस्ट कs के दिहलन। अक्षय क्रिकेटर के इमोशनल पोस्ट के अपना इंस्टाग्राम स्टोरी पs शेयर करत एगो नोट भी लिखले बाड़े।

अक्षय कुमार शिखर धवन खातिर लिखले एगो नोट 

अक्षय लिखले कि, ‘सचहूँ इs पोस्ट देख के भावुक हो गईनी।’ एगो पिता के रूप में हम जानत बानी कि अपना बच्चा के ना देख पावे भा ना मिल पावे से बेसी दर्दनाक कुछुओ नईखे। हिम्मत बनवले राखीं शिखर, लाखों हमनी के दुआ करत बानी तोहरा खातिर। रउरा अपना बेटा से जल्दिए भेंट होई। भगवान सब कुछ ठीक कs दिहे। उ एह पोस्ट पs क्रिकेटर शिखर धवन के भी टैग कईले बाड़े।

एह फिलिमन में अक्षय कुमार लउकीहें

अक्षय के एगो एक्शन थ्रिलर फिल्म ‘बड़े मियाँ छोटे मियाँ’ बा जवना में टाइगर श्रॉफ बाड़े। अली अब्बास जफर के निर्देशन में बनल एह फिलिम में सोनाक्षी सिन्हा आ पृथ्वीराज सुकुमारन भी मुख्य भूमिका में बाड़े। ई फिलिम ईद 2024 पs सिनेमाघरन में रिलीज होखी। उनुका लगे एगो कॉमेडी फिल्म ‘हाउसफुल 5’ भी चलत बा। तरुण मनसुखानी के निर्देशन में बनल एह फिल्म के निर्माण साजिद नाडियाडवाला करीहें। ई फिलिम 6 जून 2025 के सिनेमाघरन में रिलीज होखी। अक्षय अहमद खान के निर्देशन में होखे वाला ‘वेलकम टू द जंगल’ में भी नजर अइहें। फिल्म के स्टार कलाकारन में संजय दत्त, दिशा पटानी, सुनील शेट्टी, परेश रावल, रवीना टंडन, जैकलीन फर्नांडीज, संजय दत्त, राजपाल यादव, श्रेयस तलपड़े, कीकू शारदा, दलेर मेहंदी, मीका सिंह, राहुल देव, मुकेश तिवारी के नाम भी बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]