अखिलेश के बड़ दांव, सपा में शामिल भइले BSP के कद्दावर नेता गुड्डू जमाली; कबो धर्मेंद्र यादव खातिर बनल रहलें मुसीबत

Share

Lok Sabha Election: दू बार विधायक रहले बहुजन समाज पार्टी के नेता शाह आलम उर्फ गुड्डू जमाली बुध के दिने समाजवादी पार्टी के दामन थाम लिहले। एही दौरान सपा मुखिया अखिलेश यादव खुदे उनका के समाजवादी पार्टी में शामिल करवले। साथहीं अखिलेश यादव पत्रकारन से बातचितो कइले। अनुमान इहो लगावल जा रहल बा कि सपा उनका के एमएलसी बना सकत बिया। सपा में उनका अइला के बाद आजमगढ़ लोकसभा सीट पऽ पार्टी के स्थिति काफी मजबूत हो जाईं।

2012 आ 2017 विधासनभा चुनाव में दर्ज कइले रहलें जीत

बता दी की अखिलेश यादव इस्तीफा देला से खाली पड़ल आजमगढ़ लोकसभा सीट के उपचुनाव में गुड्डू जमाली के वजहें से सपा के भाजपा से हार के सामना करे के पड़ल रहे। गुड्डू जमाली काफी समय से सपा के संपर्क में रहले। गुड्डू आजमगढ़ के मुबारकपुर सीट से 2012 आ 2017 में बसपा के टिकट पऽ विधानसभा चुनाव जीत रहलें।

उनका 2022 में भइल लोकसभा उपचुनाव में बसपा के टिकट पऽ 2.66 लाख से ज्यादा वोट मिलल रहें। एही चलते सपा के धर्मेंद्र यादव चुनाव हार गइल रहलें।

अखिलेश भा धर्मेंद्र लड़िहें चुनाव 

उम्मीद बा कि अबकी बेर आजमगढ़ लोकसभा सीट से अखिलेश भा फेर धर्मेंद्र चुनाव लड़िहे । अइसे में गुड्डू जमाली के सपा में आ जाए से उहाँ पार्टी के राह आसान हो जाईं। सूत्रन के अनुसार 13 सीटन पर होखे वाला विधान परिषद के चुनाव में सपा गुड्डू के उम्मीदवार घोषित कर सकत बिया।

पसमांदा मुस्लिम समाज से आवे वाला गुड्डू के विधान परिषद भेज के अखिलेश पसमांदा मुस्लिम समाजो के साध सकत बाड़न। एकरा साथहीं मुस्लिम के एमएलसी बनाके पीडीए (पिछड़ा, दलित, अल्पसंख्यक) के आपन मुहिम के आगे बढ़ा सकत बाड़न। राज्यसभा में कवनो मुस्लिम के प्रत्याशी ना बनावे गइला से पार्टी में अंदरखाने नाराजगीयो चल रहल बा, जवना से सपा विधान परिषद चुनाव के जरिए दूर करीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-