[the_ad_group id="30365"]

रक्षा मंत्री के बैठक के लेके प्रशासन के तैयारी पूरा : चुनाव प्रबंध समिति के संगे 1 घंटा 35 मिनट करिहें चरचा, चौक-चौराहन पs बल तैनात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आज सीवान पहुंच रहल बाड़ें। एकरा पहिले सीतामढ़ी में माता सीता के दर्शन करिहें। इहवां परी वाटिका में पार्टी पदाधिकारियन के संगे बैठक करिहें आ फेर दरभंगा खातिर रवाना हो जइहें। बीजेपी जिला अध्यक्ष संजय पांडे कहलें की सारण कलस्टर के चुनाव प्रबंध समिति के बैठक होई।

एह बैठक में सीवान, महाराजगंज, गोपालगंज आ सारण लोकसभा क्षेत्र के कोर कमेटी के सदस्य सामिल होई लो। बैठक 1 घंटा 35 मिनट तक चली। एह दौरान क्षेत्र में हो रहल राजनीतिक गतिविधि, पब्लिक रिएक्शन आदि के बारे में जानकारी लिहल जाई। एकरा संगही चारों लोकसभा क्षेत्र में बीजेपी के प्रभाव पs चरचा होई।

बता दीं कि रक्षा मंत्री के आगमन के लेके जिला प्रशासन पूरा तइयारी कs लेले बा। डीएम आ एसपी मंगर के सांझे में पुलिस लाइन से लेकर बैठक स्थल तक मॉक ड्रिल कइले रहे लो। आज शहर के हर एक चौक-चौराहा पs पुलिस बल के तैनाती आ जगह-जगह दंडाधिकारी, पुलिस पदाधिकारी मवजूद बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]