[the_ad_group id="30365"]

लालू यादव के करीबी लोग खातिर समस्या बढ़लऽ, विधायक किरण देवी के घर पs ईडी छापा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इ छापा गढ़नी थाना के अगियाओन आवास पs भाईलऽ। बता दीं कि विधायक के पति अरुण यादव संदेश से विधायक रहल बाड़े आ उनुका के लालू परिवार के बहुत करीबी मानल जाता।

 

बिहार में लालू प्रसाद यादव के करीबी लोग के समस्या बढ़ गईलऽ बा। ईडी टीम मंगलवार के सबेरे लालू यादव के बहुत करीबी विधायक किरण देवी के घर पहुंचल। जानकारी के मुताबिक बालू के कालाधन से जुड़ल मामला में ईडी टीम पहुंचल बिया। हालांकि ए दौरान विधायक के परिवार आवास में मौजूद नईखे।

इ छापा गढ़नी थाना के अगियाओन आवास पs भईल। बता दीं कि विधायक के पति अरुण यादव संदेश से विधायक रहल बाड़े आ उनका के लालू परिवार के बहुत करीबी मानल जाला। एकरा से पहिले जनवरी में सीबीआई के टीम किरण देवी के घर पहुंचलs रहे। असल में विधायक किरण देवी के पति अरुण कुमार यादव बालू के कारोबार करेले आ उनका के राजद अध्यक्ष लालू यादव के करीबी मानल जाला।

बता दीं कि अरुण यादव पहिलही से सीबीआई के रडार पs बाड़े आ पछिला साल भी सीबीआई उनका परिसर पs छापामारी कईले रहे। एकरा बारे में सीबीआई टीम जनवरी में राजद विधायक किरण देवी के घर पहुंच के नोटिस देले रहे। ओकरा बाद से बतावल जातs रहे कि ईडी जल्दिए उनका खिलाफ कार्रवाई कs सकता वा आज इडी टीम उनका घर पs छापा मारे खातीर उनका घर पहुंच गईल बिया।

एकरा से पहिले 2023 में सीबीआई पूर्व विधायक अरुण यादव अउरी उनकर पत्नी विधायक किरण देवी के घर पs छापामारी कईले रहे। कहलs जाता कि उऽ बालू के बड़ व्यापारी हवे आ बालू के कारोबार के माध्यम से पटना में बहुत धन कमा चुकल बाड़े। आरोप के मुताबिक लालू परिवार के कई गो फ्लैट गिफ्ट करे के चर्चा होखsता। अब सीबीआई आ ईडी के कार्रवाई ओही क्रम में जारी बा ।

बता दीं कि आरा जिला के थाना में अरुण यादव का खिलाफ 16 गो प्राथमिकी दर्ज भइल बा आ एहमें से बहुते मामिला में अरुण यादव के खिलाफ आरोप पत्र दर्ज करावल गइलs बा । ए प्राथमिकी आ आरोप पत्र के आधार पs अरुण यादव आ बाकी लोग के खिलाफ साल 2021 में प्रवर्तन निदेशालय के ओर से मनी लांड्रिंग के मामिला दर्ज भईल। पीएमएलए के धारा 50 के तहत अरुण यादव आ परिवार के सदस्य के बयान दर्ज भईल बा, अरुण यादव आ उनकर फर्म किरण दुर्गा ठेकेदार प्राइवेट लिमिटेड के संपत्ति के दस्तावेज आ बैंक खाता के जानकारीयो लिहलs गईलs बा।

अभी तक भईल जांच में बिहार के आरा जिला आ पटना में 72 अचल संपत्ति (लगभग 9.90 करोड़ रुपया के कीमत) जइसे कृषि भूमि, फ्लैट आ आवासीय प्लाट आ लगभग 20.5 करोड़ रुपया नकद के खुलासा भईल बा। ई संपत्ति 2002-03 से 2021-22 के दौरान अपराध से मिलल आमदनी से मिललs रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]