अखिलेश के फूटल दर्द, जानीं का कहनें हार के बाद

Share

उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में हार के ले के अखिलेश यादव के पहिला रिएक्शन आ गइल बा। समाजवादी पार्टी के नेता एह नतीजो के सकारात्मक ढंग से लेहले के बात क रहल बानें। अखिलेश यादव ट्वीट क के कहनें, ‘उत्तर प्रदेश के जनता के हमनी के सीट ढाई गुना अउर मत प्रतिशत डेढ़ गुना बढ़वले खातिर हार्दिक धन्यवाद। हमनी के देखा देहनी जा कि भाजपा के सीट घटावल जा सकsला। भाजपा के ई घटाव निरंतर जारी रही। आधा से बेसी भ्रम अउर छलावा दूर हो गइल बा बाकी कुछ दिन में हो जाई। जनहित खातिर संघर्ष जारी रही।’ एसे पहिले गुरुवार के नतीजा निकलले के टाइम अखिलेश यादव के कौनो रिएक्शन सामने नाइ आइल रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-