बउखियाइल अखिलेश यादव कइले ट्वीट, लगवनें टीबी चैनलन पs आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 10, 2022

उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव के तहत मतगणना जारी बा। दोपहर करीब 11:30 बजे तक आइल रुझान के मुताबिक यूपी में एक बेर फिर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) की सरकार बनने जा रहल बा। रुझान

Share

उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव के तहत मतगणना जारी बा। दोपहर करीब 11:30 बजे तक आइल रुझान के मुताबिक यूपी में एक बेर फिर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) की सरकार बनने जा रहल बा। रुझान में पिछुअइले के बाद अखिलेश यादव समाजवादी पार्टी कार्यकर्तन के टीवी पर देखावल जा रहल रुझान पर ध्यान नाइ देवे के कहनें। सपा के अब्बो वापसी के उम्मीद बा अउर पार्टी अपने कार्यकर्तन के काउंटिंग सेंटर्स पs डटल रहे के कहनें। सपा के 2015 बिहार विधानसभा चुनाव नतीजा में दुपहरिया ले फेरबदल जइसन चमत्कार के उम्मीद बा।

समाजवादी पार्टी इहो कहनें कि अंतिम परिणाम उसके पक्ष में रही। सपा के आधिकारिक ट्विटर हैंडल से ट्वीट करत ऊ लिखने, ”सभी समाजवादियों अउर सहयोगी दलों के कार्यकर्तन से अपील बा कि टीवी पर देखावल जा रहल रुझान पs ध्यान न देत अपने अपने बूथ पs डंटल रहे| अंत में लोकतंत्र जीती अउर परिणाम सपा गठबंधन के पक्ष में होई।”

एगो अन्य ट्वीट में सपा कहलस कि ज्यादातर सीट पs 200-300 वोटों के अंतर बा, टीवी मीडिया ओर से परसेप्शन के खेल खेलल जा रहल बा। सपा कार्यकर्तन के हतोत्साहित करे के खेल मीडिया अउर भाजपा कार्यकर्तन ओर खेलल जा रहल बा जेसे सपा कार्यकर्ता मतगणना स्थल छोड़ दें अउर अंतिम परिणाम में भाजपा बेईमानी क सके।” हालांकि बाद में दूनो ट्वीट डिलीट कs देहनें।

 

साभार – हिन्दुस्तान

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.