Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Taj Mahal: ताजमहल में दुगो जुवक चढ़ावल लो गंगाजल, सीआईएसएफ पकड़लस; अखिल भारत हिन्दू महासभा लेलस जिम्मेदारी

603
Google Ads 300*250 for posts

सावन में सनीचर के दुगो जुवक ताजमहल में गंगाजल चढ़ावल लो। ऊ पानी के बोतल में गंगाजल लेके पहुंचल रहे। मुख्य मकबरा में इस्थित तहखाना के दरवाजा पs जुवक गंगाजल चढ़वलस। दरवाजा से तहखाना में इस्थित कब्र तक जाये के सीढ़ी बनल बाड़ी सs।

हिंदूवादी संगठन ताजमहल के शिव मंदिर तेजोमहालय मानत बा लो। एकरा के लेके कइयन गो याचिका अदालत में विचाराधीन बा। सावन में ताजमहल के हिंदू बतावत ओकर आरती करे आ जलाभिषेक करे के मांग समय-समय पs उठत रहल बा। सावन के सोमार के कुछ बरिस पहिले तक शिवसैनिक यमुना किनारे से ताजमहल के आरती उतारल करत रहे लो।

कांवड़ लेके पहुंचल रहे महिला

सोमार के अखिल भारत हिन्दू महासभा के मीरा राठौर कांवड़ लेके ताजमहल पहुंच गइल रहली। पुलिस आरके फोटो स्टूडियो बैरियर से उनका के आगे ना जाये देले रहे। सनीचर के सबेरे दुगो जुवक ताजमहल पहुंचल लो। एगो के हाथ मे पानी के बोतल रहे आ दूसरका वीडियो बनावत रहे।

मुख्य मकबरा में कब्र वाला कक्ष में प्रवेश करे से पहिले जुवक तहखाना के दरवाजा पs रुक गइल। इहां ऊ बोतल में भरल गंगाजल से अभिषेक कइलस। जुवक के अइसन करत आ दूसरका के वीडियो बनावत देखला पs सीआईएसएफ के जवान पकड़ लेलस लो। पूछताछ के बाद दुनो के पुलिस के सउप दिहल गइल।

अखिल भारत हिन्दू महासभा लेलस जिम्मेदारी

अखिल भारत हिन्दू महासभा एकर जिम्मेदारी लेले बा। महासभा के विनेश चौधरी आ श्याम के ताजमहल में गंगाजल चढ़ावे पs पकड़ल गइल बा। दुनो कांवड़ लेके सुक के रात मथुरा पहुंचल रहे लो। सनीचर के सबेरे ताजमहल पहुंचके ऊ गंगाजल चढ़वल लो।

हिन्दू महासभा के मंडल अध्यक्ष मनीष पंडित आ राष्ट्रीय प्रवक्ता संजय जाट कहलें कि तेजोमहालय में गंगाजल चढ़ाना हिंदू महासभा के जन्मसिद्ध अधिकार हs। आगहूं तेजोमहालय में कांवड़ आ गंगाजल से अभिषेक होत रही।

पानी के बोतल ले जाये के बा अनुमति

ताजमहल में खाये के सामान ले गइल प्रतिबंधित बा, बाकिर पानी के बोतल ले जाये पs कवनो रोक नइखे। एही के फायदा जुवक उठवलें सs। ऊ पानी के बोतल में गंगाजल ले गइलें सs आ केहू के एकर जानकारी ना हो सकल।

साभार: दैनिक जागरण

914510cookie-checkTaj Mahal: ताजमहल में दुगो जुवक चढ़ावल लो गंगाजल, सीआईएसएफ पकड़लस; अखिल भारत हिन्दू महासभा लेलस जिम्मेदारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.