[the_ad_group id="30365"]

गृह मंत्रालय बीएसएफ चीफ के पद से हटा दिहलस, स्पेशल डीजी पर भी बड़ी कार्रवाई, पूरा मामिला जानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बड़हन कार्रवाई करत गृह मंत्रालय सीमा सुरक्षा बल के दू गो वरिष्ठ अधिकारी के पद से हटा दिहलस । एकरा संगे-संगे गृह मंत्रालय बीएसएफ के स्पेशल डीजी वाईबी खुरानिया के उनका पद से हटा के ओडिशा कैडर में वापस भेज देले बा। महानिदेशक नितिन अग्रवाल के वापस अपना पैतृक कार्यकर्ता केरल भेज दिहल गइल बा । गृह मंत्रालय एह फैसला के Premature repatriation कहले बा।

जम्मू कश्मीर में बढ़ते आतंकी हमला के चलते गृह मंत्रालय के एह कार्रवाई के जम्मू कश्मीर में पिछला एक साल से होखत आतंकी हमला से जोड़ल जा रहल बा। एही कारण से गृह मंत्रालय बड़हन कार्रवाई कs के डीजी बीएसएफ आ स्पेशल डीजी बीएसएफ के पद से हटा दिहले बा। ई कई साल बाद भइल जब बीएसएफ के दू गो वरिष्ठ अधिकारी के पद से हटा दिहल गइल। जानकारी के मुताबिक जल्दिए ए दुनो पद पs नाया अधिकारी के नियुक्ति होई।

जानिए एह दुनो बीएसएफ अफसर के बारे में

बीएसएफ के महानिदेशक नितिन अग्रवाल 1989 के बैच के केरल के कैडर अधिकारी हवे। वाईबी खुरानिया ओडिशा कैडर के 1990 के बैच ऑफिसर हउवें। नितिन अग्रवाल जून 2023 में सीमा सुरक्षा बल के प्रमुख के पद सम्हरले रहले। जबकि वाईबी खुरानिया पाकिस्तान सीमा पs सीमा सुरक्षा बल के गठन के नेतृत्व विशेष महानिदेशक (पश्चिम) के रूप में करत रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]