[the_ad_group id="30365"]

Google ला रहल बा तगड़ा 5G फोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगूल (Google) आजकल अपने नया स्मार्टफोन पर काम कर रहल बा। कंपनी के एह नया हैंडसेट के नाव Google Pixel 6a बा। फोन के लॉन्च डेट के बारे में अभिन कंपनी के ओर से कौनो जानकारी नाइ देहल गइल बा, लेकिन टिप्स्टर Jon Prosser के अनुसार ई फोन 28 जुलाई के ज्यादातर मार्केट्स में लॉन्च कs देहल जाई। प्रॉस्सर बतवने कि फोन के कंपनी Google I/O 2022 इवेंट में अनाउंस कs सकत बा। इस बेर ई इवेंट 11 अउर 12 मई के होई अउर ई पूरा तरह से ऑनलाइन होई।

मिली ई फीचर अउर स्पेसिफिकेशन
फोन में कंपनी 1080×2400 पिक्सल रेजॉलूशन के हिसाब से 6.2 इंच के फुल एचडी+ AMOLED डिस्प्ले देवे वाली बा। ई डिस्प्ले 20:9 के आस्पेक्ट रेशियो अउर 90Hz के रिफ्रेश रेट के साथ आई। फोन में कंपनी सेंटर पंच-होल डिजाइन वाला डिस्प्ले ऑफर अउर इसके बेजल्स पातर होई।

गूगल के ई फोन 8जीबी तक ले रैम अउर 128जीबी के इंटरनल स्टोरेज के साथ आ सकत बा। प्रोसेसर के तौर पर कंपनी एह फोन में इन-हाउस Tensor चिपसेट देवे वाली बा। फोटोग्राफी के लिए फोन में एलईडी फ्लैश के संगे ड्यूल रियर कैमरा सेटअप देखे के मिली। एहमें 12.2 मेगापिक्सल के प्राइमरी सेंसर के संगे एगो 12 मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड ऐंगल लेंस शामिल बा। सेल्फी खातिर फोन के फ्रंट में कंपनी 8 मेगापिक्सल के कैमरा ऑफर करी।

फोन को पावर देवे खातिर एमें आपके 4800mAh के बैटरी देखेके मिली, जौन 30 वॉट के फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करी। गूगल के ई अपकमिंग फोन ऐंड्रॉयड 12 ओएस पर काम करी। कक्टिविटी के लिए फोन में 5G, वाई-फाई 6E, ब्लूटूथ 5.2, एनएफसी अउर यूएसबी टाइप-C पोर्ट जइसन ऑप्शन देहल जाई। फोन 35 हजार रुपया के आसपास के प्राइस टैग के संगे भारत में लॉन्च कइल जा सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]