अहमदाबाद में एयर इंडिया के प्लेन क्रैश, 242 पैसेंजर रहले सवार, 133 के गईल जान

Share

गुजरात के अहमदाबाद में एगो बड़हन विमान दुर्घटना हो गइल बा. एयर इंडिया के एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा जवना में 242 लोग सवार रहले आ 133 के गईल जान. इs विमान अहमदाबाद से लंदन जात रहे। ई हादसा अहमदाबाद में उड़ान भरत घरी भइल. जसही विमान दुर्घटनाग्रस्त भईल, उs आग के गोला में बदल गईल। पास के इमारतन के भी नुकसान के खबर बा। ई हादसा अहमदाबाद हॉर्स कैंप के लगे भइल जवन सिविल अस्पताल के लगे बा. दुर्घटना के जानकारी मिलते गृहमंत्री अमित शाह गुजरात के सीएम भूपेंद्र पटेल से बात कईले।

डीजीसीए का कहलस?

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय एगो बयान जारी कs कहलस कि विमान में 242 लोग रहले, जवना में 2 पायलट अवुरी 10 केबिन क्रू शामिल रहले। विमान के कमान कैप्टन सुमित सभरवाल करत रहले अवुरी उनुका संगे फर्स्ट ऑफिसर क्लाइव कुंडर भी रहले।

सेना आ वायुसेना बचाव अभियान शुरू कs दिहलस

राष्ट्रीय आपदा प्रतिक्रिया बल (एनडीआरएफ) के 3 टीम के गांधीनगर से विमान दुर्घटना स्थल पs भेजल गईल बा, जवना में 90 जवान शामिल बाड़े। वडोदरा से कुल 3 गो टीम अउरी भेजल जा रहल बा। सेना आ वायुसेना भी बचाव अभियान शुरू कs दिहले बा।

दुर्घटना पs एयर इंडिया के बयान

अहमदाबाद-लंदन गैटविक के उड़ान भरत फ्लाइट AI171 आजु 12 जून 2025 के दुर्घटनाग्रस्त हो गइल, एह घरी हमनी के एकर विवरण के पता लगा रहल बानी जा आ जल्द से जल्द अउरी जानकारी साझा करब जा – एयर इंडिया के प्रवक्ता.

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-