Ahmedabad Plane Crash : 297 लोगन के भइल मउत, हादसा वाला जगह पहुंचले पीएम मोदी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 13, 2025

अहमदाबाद में भईल विमान दुर्घटना में अबे ले 297 लोग के मउत के पुष्टि हो चुकल बा। विमान में सवार 242 लोग में से 241 लोग के मउत हो चुकल बा। दुर्घटना में मात्र एक

Share

अहमदाबाद में भईल विमान दुर्घटना में अबे ले 297 लोग के मउत के पुष्टि हो चुकल बा। विमान में सवार 242 लोग में से 241 लोग के मउत हो चुकल बा। दुर्घटना में मात्र एक यात्री बाच गईल। मरे वाला में से 229 लोग यात्री रहले, जबकि 12 लोग विमान के चालक दल के सदस्य रहले। एकरा अलावे जवना मेडिकल कॉलेज हॉस्टल में विमान दुर्घटनाग्रस्त भईल रहे, उहाँ मौजूद 56 लोग के जान भी चल गईल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दुर्घटना स्थल प पहुंच गईल बाड़े। काल्हु गृहमंत्री अमित शाह मौका पs पहुंच के स्थिति के जायजा लेले। एही बीच विमान दुर्घटना के जांच भी तेज हो गईल बा। जांच खातीर सरकार एगो उच्च स्तरीय समिति बनवले बिया।

पीएम मोदी के काफिला दुर्घटना स्थल पs पहुंचल

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के काफिला विमान दुर्घटना स्थल पs पहुंच गईल बा। एह जगह के एगो वीडियो सामने आइल बा. बियफ़ें के भईल विमान दुर्घटना में 12 चालक दल के सदस्य समेत 241 लोग के मौत हो गईल।

पीएम मोदी दुर्घटना स्थल पs पहुंचले

विमान दुर्घटना के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अहमदाबाद पहुंचले। उs दुर्घटना स्थल पs भी पहुंच गईल बाड़े। विमान दुर्घटना में 12 चालक दल के सदस्य समेत 241 लोग के मौत हो गईल बा। एह हादसा में 56 गो अउरी लोग के जान चल गइल बा. कुल 297 लोग दुर्घटना के शिकार हो चुकल बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.