Air India: दिल्ली से वॉशिंगटन जा रहल एअर इंडिया के फ्लाइट में तकनीकी खराबी, वियना में रोकला के बाद कइल गइल रद्द

Share

सेंट्रल डेस्क। दिल्ली से वॉशिंगटन जा रहल एअर इंडिया के फ्लाइट में अचानक तकनीकी खराबी आ गइल। वियना में ईंधन भरे खातिर फ्लाइट के ठहराव के बाद खराबी के पता चलल। एकरा बाद फ्लाइट के रद्द कs दिहल। एयरलाइन विमान से वॉशिंगटन खातिर यात्रा कs रहल यात्रियन के वियना में उतारके वैकल्पिक सुविधा के माध्यम से यात्रा करावल गइल। संगही पूर्ण धनवापसी के पेशकश कइल गइल। एकरा अलावे एअर इंडिया के वॉशिंगटन डीसी से वियना के रास्ते नई दिल्ली आवे वाली फ्लाइट के रद्द कs दिहल गइल।

एअर इंडिया के प्रवक्ता बतवलें कि दु जुलाई के नई दिल्ली से वॉशिंगटन डीसी जा रहल विमान संख्या AI103 के वियना में ईंधन भरे खातिर रोकल गइल रहे। ईंधन भरे के दौरान नियमित जांच के वक्त विमान के तकनीकी खराबी के पता लागल। एह खराबी के ठीक करे खातिर अतिरिक्त समय के जरूरत रहे। एकरा कारण विमान के वियना से वाशिंगटन डीसी तक के यात्रा रद्द कs दिहल गइल आ यात्रियन के उतार दिहल गइल।

वीजा-मुक्त प्रवेश खातिर पात्र यात्रियन भा वैध शेंगेन वीजा वाला यात्रियन के अगिला उपलब्ध उड़ान तक वियना में होटल में रहे के सुविधा प्रदान कइल गइल। जबकि प्रवेश के अनुमति के बिना वाला यात्रियन खातिर ऑस्ट्रियाई अधिकारियन के ओर से आव्रजन आ सुरक्षा मंजूरी मिले तक रहे के बेवस्था कइल जा रहल बा।

एकरा बाद वॉशिंगटन डीसी से वियना होत दिल्ली जाये वाली उड़ान AI104 रद्द कs दिहल गइल आ प्रभावित यात्रियन के दिल्ली खातिर वैकल्पिक उड़ानन में बुक कइल गइल। संगही ओह लोगन के प्राथमिकता के आधार पs पूरा रिफंड दिहल गइल। एअर इंडिया के प्रवक्ता कहलें कि असुविधा खातिर गहिराह खेद बा उ सब यात्रियन आ चालक दल के सुरक्षा के प्राथमिकता देवे खातिर प्रतिबद्ध बा लो। ई निर्णय उड़ान से पहिले सुरक्षा जांच पहल के तहत लिहल गइल रहे।

एअर इंडिया आ एकर सहायक कंपनी एअर इंडिया एक्सप्रेस रोज 1100 से जादे उड़ान संचालित करेले। एमे 150,000 से जादे यात्री यात्रा करेला लो। एयरलाइन हवाई क्षेत्र बंद होखे, यूरोप आ पूर्वी एशिया में हवाईअड्डन पs प्रतिबंध आ हवाई यातायात के भीड़ जइसन कारकन के कारण चुनौतियन के स्वीकार कइलें। एअर इंडिया पहिले घोषणा कइले रहे कि उ सुरक्षित संचालन के प्रति आपन प्रतिबद्धता के बना के रखे खातिर स्वेच्छा से बढ़ल उड़ान पूर्व सुरक्षा जांच करी आ सेवा के अस्थायी रूप से कम करी।

Read Also: Prez Mahama Conferred PM Modi: घाना में पीएम मोदी के देस के सर्वोच्च सम्मान; राष्ट्रपति महामा कइलें सम्मानित

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-