[the_ad_group id="30365"]

USA : राष्ट्रपति ट्रंप के ‘वन बिग ब्यूटीफुल बिल’ अमेरिकी सीनेट में भइल पास, जेडी वेंस के वोट से मिलल जीत

Donald Trump celebrates Senate passing of One Big Beautiful Bill with JD Vance's vote
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के महत्वाकांक्षी कर छूट आ खर्च कटौती विधेयक सोमार के सीनेट में मामूली अंतर के संगे पास हो गइल। विधेयक के पक्ष आ विरोध में 50-50 मत पड़ल। जवना के बाद उपराष्ट्रपति जेडी वेंस आपन मत देके एकरा के मंजूरी दिलवले। विधेयक के विरोध करे वाला तीन रिपब्लिकन सांसदन में थॉम थिलिस, सुजैन कॉलिन्स आ केंटकी रैंड पॉल सामिल रहे लो।

ट्रंप के कर छूट आ खर्च कटौती विधेयक पs सीनेट में सोमार के देर रात तक तीखा बहस चलल। हंगामादार सत्र के दौरान रिपब्लिकन सांसद जहां एह विधेयक खातिर समर्थन जुटावत नजर आइल लो। ओहिजा, विपक्षी डेमोक्रेट सदस्य एकरा के गिरावे खातिर पेश संशोधनन के पारित करावे के प्रयास कइल लो।

बिल के विरोध मे दिखलें रिपब्लिकन सीनेटर

दक्षिण डकोटा से रिपब्लिकन सीनेटर जॉन थून अपना पार्टी के ओह सदस्यन के बीच समझौता करावे खातिर प्रयास करत दिखलें, जे एह बात के लेके चिंतित रहस कि ‘मेडिकेड’ में प्रस्तावित कटौती से लाखन लोग स्वास्थ्य बीमा से वंचित हो जाई। ओहिजा, कुछ सदस्यन के कहनाम रहे कि बढ़त राजकोषीय घाटा के कम करे खातिर करन में आउर जादे कटौती कइल गइला के जरूरत बा। अब ई विधेयक वापस प्रतिनिधि सभा (संसद के निचिला सदन) के मंजूरी खातिर भेजल जाई।

अगिला चुनौती प्रतिनिधि सभा

अमेरिकी संसद के दुनो सदनन पs नियंत्रण रखे वाला रिपब्लिकन सदस्यन खातिर अब अगिला चुनौती प्रतिनिधि सभा में एह विधेयक के पारित करावल बा। 940 पन्नन के “वन बिग ब्यूटीफुल बिल एक्ट” ट्रंप के सबसे महत्वाकांक्षी विधेयकन में से एगो हs। रिपब्लिकन सांसद राष्ट्रपति ट्रंप के छुट्टियन के समय सीमा माने सुक से पहिले एकरा के मंजूरी दिलावल चाहत बा लो।

एकरा पहिले, अमेरिकी राष्ट्रपति देर रात जारी एगो सोशल मीडिया पोस्ट में सीनेट से विधेयक के मंजूरी देवे के अपील करत कहले रहस कि ई विधेयक अपना तरे के सबसे महान आ सबसे महत्वपूर्ण विधेयक हs। संगही उपराष्ट्रपति जेडी वेंस सीनेट सदस्यन से एह विधेयक के पारित करे के अनुरोध कइले रहस। अब एह बिल के निचला सदन में स्वीकृति चाही।

Read Also: Sports Policy : नई खेल नीति के केंद्रीय मंत्रिमंडल के मंजूरी, 2047 तक भारत के शीर्ष-5 खेल राष्ट्र बनावल लक्ष्य

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]