[the_ad_group id="30365"]

अग्निपथ योजना : दिल्ली के तीन मेट्रो स्टेशन बंद, यमुना एक्सप्रेसवे पs हंगामा, गुरुग्राम में धारा-144

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चार साल के अवधि खातिर करीब 45-50 हजार युवा के सशस्त्र बल
में शामिल करे के केंद्र के अग्निपथ योजना के लेके देश भर में विरोध प्रदर्शन होखता। अलग अलग समूह एह योजना के अलग अलग तरीका से विरोध कर रहल बा| कहीं छात्र संघ के नेता सड़क प निकलल बाड़े त कहीं ट्रेन में आग लगा दिहल गईल बा।

अलीगढ़ में बेकाबू स्थिति, बदमाश सरकारी संपत्ति में आग लगा रहल बानें

अलीगढ़ के हालात बेकाबू हो रहल बा. बदमाश के इरादा सरकारी संपत्ति में आग लगावे के बा। आठ गो बस में आग लगवला का बाद अब जट्टरी चौकी में आग लगा दिहल गइल बा.
अलीगढ़ में प्रदर्शन के दौरान अभी तक 8 गाड़ी में बदमाश आग लगा देले बाड़े। डीएम, सपा समेत अवरू अधिकारी भी मौका प बाड़े। प्रदर्शन करेवाला युवक टप्पल से जट्टरी पहुंचल बाड़े। जबरन इहां के बाजार बंद क दिहलस। एकरा संगे-संगे आगजनी भी भईल।

गुरुग्राम में धारा 144 लागू, पुलिस हाई अलर्ट

अग्निपथ योजना के विरोध के देखत गुरुग्राम जिला में एहतियात के तौर प धारा 144 लगावल गईल बा। अधिकारी बतवले कि पुलिस हाई अलर्ट प बिया।

ग्रेटर नोएडा

यमुना एक्सप्रेसवे पर भारी जाम बा। शीर्ष पुलिस अधिकारी छात्र के समझावे में व्यस्त बाड़े। एक्सप्रेसवे के जीरो प्वाइंट पर गाड़ी रोक दिहल गइल बा. नोएडा एक्सप्रेसवे पर भी भारी जाम बा।

टप्पल में यमुना एक्सप्रेसवे इंटरचेंज पर असामान्य स्थिति

बदमाश पुलिस के भगा देले बाड़े। बदमाश चार गो बस में आग लगा दिहले. हरियाणा रोडवेज के बस में भी तोड़फोड़ भइल। पुलिस अधिकारी के अलावे थाना के गाड़ी प भी हमला कईले। एएसपी मौका प पहुंच रहल बा, ओने टप्पल में हालात तनावपूर्ण बनल बा।

दिल्ली : आईटीओ मेट्रो स्टेशन के सब गेट बंद

दिल्ली में बिगड़त माहौल के देखत एहतियात का रूप में दिल्ली गेट, जामा मस्जिद आ आईटीओ मेट्रो स्टेशन के सगरी गेट बंद कर दिहल गइल बा. दिल्ली मेट्रो रेल निगम इ जानकारी देले बा। छात्र-युवा संघर्ष समिति अग्निपथ योजना के विरोध कर रहल बा। प्रदर्शनकारी योजना के वापस लेवे के मांग कईले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]