[the_ad_group id="30365"]

अग्निपथ पर आक्रोश भइल जानलेवा, हिंसक विरोध प्रदर्शन का बीच हो गइल दू जनी के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अग्निपथ योजना के आग पूरा देश में फैल गईल बा। यूपी-बिहार अवुरी हरियाणा से लेके तेलंगाना तक हिंसक प्रदर्शन जारी बा। हालात चिंताजनक हो गइल बा. कई जगहा ट्रेनन में आग लगा दिहल गइल बा जवना से देश भर के करीब दू सौ ट्रेन प्रभावित हो गइल बा. एकरा संगे-संगे तेलंगाना अवुरी बिहार में भईल हिंसक प्रदर्शन में दु लोग के मौत हो गईल।

सिकंदराबाद में प्रदर्शन में एक के मौत

तेलंगाना में भइल हिंसक विरोध प्रदर्शन में एक आदमी के मौत के खबर मिलल बा. इहाँ प्रदर्शनकारी सिकंदराबाद रेलवे स्टेशन में आग लगा दिहले। एह दौरान हिंसक प्रदर्शन में एक के मौत हो गईल।

अलीगढ़ : प्रदर्शनकारी पीएसी के जवान के पिटाई कईले

अलीगढ़ टप्पल इलाका के यमुना एक्सप्रेसवे इंटरचेंज पर अग्निपथ योजना का खिलाफ प्रदर्शन करत प्रदर्शनकारी पीएसी के जवानन के घेर के मारपीट कइले. साथ ही अलीगढ़ भाजपा सांसद सतीश गौतम की पत्थर की तख्ती भी तोड़ दी।

लखीसराय में एक के मौत

बिहार के लखीसराय में भी एक जने के मौत हो गइल बा। स्थानीय मीडिया के मुताबिक विक्रमशिला एक्सप्रेस में आगजनी के दौरान ए आदमी के मौत हो गईल। मरेवाला ट्रेन में मौजूद रहे। उ आग में फंस गईले, जवना के चलते उनुकर मौत हो गईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]