Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डायबिटीज के मरीज के इ काम खाना खईला के बाद मात्र 2 मिनट तक करे के चाही, शुगर नियंत्रण में रही

डायबिटीज के मरीज खातीर पैदल चलल बहुत फायदेमंद होखेला। एगो नाया शोध में कहल गईल बा कि, जदी आप खाना खईला के बाद दु ​​से पांच मिनट तक चलल जाए त ब्लड शुगर में काफी गिरावट आवेला। नियमित चलला से हमनी के दिल के बेमारी, मोटापा, तनाव आदि से बचाव होखेला।

530

डायबिटीज के मरीज के इ काम खाना खईला के बाद मात्र 2 मिनट तक करे के चाही, शुगर नियंत्रण में रही

डायबिटीज के मरीज खातीर पैदल चलल बहुत फायदेमंद होखेला। एगो नाया शोध में कहल गईल बा कि, जदी आप खाना खईला के बाद दु ​​से पांच मिनट तक चलल जाए त ब्लड शुगर में काफी गिरावट आवेला। नियमित चलला से हमनी के दिल के बेमारी, मोटापा, तनाव आदि से बचाव होखेला।

भारत में मधुमेह स्वास्थ्य समस्या बन गइल बा। एकरा दौरान शरीर में ब्लड शुगर के स्तर काफी बढ़ जाला। अगर शुरुआती दौर में एकर इलाज ना होखे त प्रभावित आदमी के दिल से जुड़ल बेमारी भी हो सकता। एकरा अलावे शुगर के स्तर बढ़ला से हमनी के नर्वस सिस्टम के नुकसान होखेला, हाथ अउरी पैर के उंगली में झुनझुनी हो सकता, किडनी, आंख, खून पे बुरा असर पड़ेला। डायबिटीज के जड़ से ना खतम कईल जा सकता लेकिन कुछ उपाय से एकरा के नियंत्रित कईल जा सकता।

हाल के डायबिटीज के अध्ययन के निष्कर्ष के जांच कईल गईल बा, जवना में पता चलल बा कि खाना खईला के बाद 2-5 मिनट तक चलला से ब्लड शुगर में कमी आवेला।

एकरा से पहिले के बहुत शोध में इहो पता चलल बा कि खाना खईला के बाद टहलला से पाचन अवुरी मानसिक स्वास्थ्य में सुधार होखेला। खाना खइला के बाद 15 मिनट तक चलला से ब्लड शुगर के स्तर कम हो सकता, जवना से टाइप 2 डायबिटीज जईसन समस्या से बचावल जा सकता। लेकिन अब पता चल गईल बा कि खाना खईला के बाद कुछ देर चलला से भी इ फायदा हो सकता।

हाल ही में शोधकर्ता सात गो अध्ययन के निष्कर्ष के जांच कईले, जवना में इंसुलिन अउरी ब्लड शुगर के स्तर समेत बईठल चाहे खड़ा चाहे चले के असर के तुलना दिल के स्वास्थ्य पे कईल गईल बा। जवन निष्कर्ष सामने आइल ओकरा के मेटा एनालिसिस में जोड़ल गइल ।

अध्ययन में पावल गईल कि खाना खईला के बाद दु ​​से पांच मिनट तक हल्का पैदल चलला से ब्लड शुगर के स्तर बहुत हद तक नियंत्रित होखेला।

अध्ययन में शामिल लोग के दु समूह में बांटल गईल – एगो समूह खाना खईला के बाद बईठल अउरी दूसरा समूह खाना खईला के बाद चले। खाना खइला के बाद दु ​​से पांच मिनट तक चले वाला समूह में ब्लड शुगर में गिरावट देखल गईल, जबकि खाना खईला के बाद बईठल समूह के ब्लड शुगर में बढ़ोतरी पावल गईल।

एकरा संगे-संगे शोध में इहो देखल गईल कि, जवन प्रतिभागी हर आधा घंटा में दु से पांच मिनट तक पैदल चलतारे, ओ लोग के ब्लड शुगर में बहुत कमी आईल बा। शोधकर्ता के कहनाम बा कि बईठल चाहे खड़ा होखे के मुक़ाबले खाना खईला के बाद चलला पे ब्लड शुगर में गिरावट आवेला।

चलल एगो बेहतर व्यायाम ह

आजकल स्वास्थ्य विशेषज्ञ पैदल चले के महत्व पे बहुत जोर दे रहल बाड़े। बहुत अध्ययन में पता चलल बा कि रोज 20-30 मिनट तक चलला से हमनी के बहुत बेमारी से बचे के मौका मिलता। एकरा से शरीर में ब्लड शुगर कम हो जाला अउरी इंसुलिन के प्रति संवेदनशीलता बढ़ेला, जवना से मनुष्य में टाइप 2 डायबिटीज के खतरा कम हो जाला।

जब हमनी के तेजी से चलेनी जा त दिल के धड़कन तेज होखेला अउरी सांस लेवे खातीर जादे ऊर्जा लगावे के पड़ेला, जवना से कैलोरी जरेला। चलला से हमनी के मांसपेशी अवुरी जोड़ मजबूत हो जाला। पैदल चलला से हमनी के मानसिक स्वास्थ्य में भी सुधार होखेला।

447770cookie-checkडायबिटीज के मरीज के इ काम खाना खईला के बाद मात्र 2 मिनट तक करे के चाही, शुगर नियंत्रण में रही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.