[the_ad_group id="30365"]

कर्नाटक के मंगलुरु में युवक के नृशंस हत्या, धारा 144 लागू, मुस्लिमन के घर में नमाज पढ़े के निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक के मंगलुरु जिले में एक युवक की नृशंस हत्या कर देहल गइल। दू दिन पहिले दक्षिण कन्नड जिले के बेल्लारे में एगो भाजपा नेता के भी एही तरे सरेआम धारदार हथियारन से गला रेत के मार डारल गईल।

हालात तनावपूर्ण होत देख के मेंगलुरु जिला के सूरतकल इलाके में धारा 144 लागू कर देहल गइल बा। पुलिस प्रशासन कस्बा के मुस्लिमन से कहले बा कि ऊ आज जुम्मा के नमाज अपने घर में ही अदा करें। सूरतकल मंगलुरु जिला के बाहरी हिस्से में स्थित बा। इहां 23 साल के युवक के चार-पांच अज्ञात सशस्त्र हमलावर सब गुरुवार साँझ हत्या क देहलन। एही तरह के घटना दू दिन पूर्व दक्षिण कन्नड़ जिला के बेल्लारे में भाजपा नेता प्रवीण नेट्टारू के साथ भईल रहे। तीन बाइक सवार हमलावर उनके दुकान के सामने उनके मार डरने सब। मंगलवार रात जब नेट्टारू आपन दुकान बंद क के घरे जात रहले तब ई घटना भईल रहे।

मंगलुरु के पुलिस आयुक्त एन शशि कुमार के अनुसार 28 जुलाई के रात 8 बजे सूरतकल के कृष्णापुरा कटिपल्ला रोड पर 23 साल के युवक पर चार-पांच युवक मिल के बेरहमी से हमला कइल। उनके तुरंत अस्पताल ले जाईल गइल, जहां ओनके मृत घोषित कs देहल गइल। सूरतकल थाना में केस दर्ज कइल गइल बा। सूरथकल, मुल्की, बाजपे, पनंबूर में धारा 144 लागू कईल गइल बा। घटना के बाद संवेदनशील स्थिति के देखत सूरतकल में बड़ सभा पर प्रतिबंध लगावे खातिर निषेधाज्ञा लागू कs देहल गइल बा।

मुस्लिमन से अनुरोध, अफवाह से सावधान रहीं

मंगलुरु पुलिस मुस्लिम नेता से भी अनुरोध कइल कि ऊ अपने घर में ही नमाज अदा करें। कमिश्नर के सीमा के तहत सब शराब के दुकान 29 जुलाई के बंद रही। पुलिस सब नागरिकन से अपील कइले बा कि ऊ अफवाहन पर विश्वास न करें। घटना के पीछे के मकसद के जांच अउरी दोषियन के पहचान कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]