[the_ad_group id="30365"]

IBPS PO आ क्लर्क भर्ती परीक्षा 2025 के कैलेंडर जारी, देखी पूरा डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईबीपीएस कैलेंडर 2025 (अस्थायी) के बैंकिंग इंस्टीट्यूट पर्सनल सेलेक्शन आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कईले बा। जारी अस्थायी कैलेंडर में आरआरबी अवुरी पीएसबी के क्लर्क अवुरी प्रोबेशनरी ऑफिसर समेत सभ बहाली परीक्षा (प्रारंभिक अवुरी मुख्य) के तारीख के विवरण दिहल बा। उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा के एकरा के जाँच कs सकेलें आ डाउनलोड कs सकेलें. 

आईबीपीएस कैलेंडर 2025: कब कवन परीक्षा?

जारी आईबीपीएस कैलेंडर के मुताबिक आरआरबी ऑफिसर स्केल I के प्रारंभिक परीक्षा 27 जुलाई, 2 अगस्त अवुरी 3 अगस्त के होई, जबकि ऑफिस असिस्टेंट के प्रारंभिक परीक्षा 30 अगस्त, 6 सितंबर अवुरी 7 सितंबर 2025 के होई। अधिकारी स्केल I, II आ III के मुख्य परीक्षा 13 सितंबर के आ कार्यालय सहायक पद खातिर 9 नवंबर के होखी.

आईबीपीएस पीओ के प्रारंभिक परीक्षा 4, 5 अवुरी 11 अक्टूबर 2025 के होई। एकर मुख्य परीक्षा 29 नवंबर 2025 के होई। आईबीपीएस पीओ एसओ के प्रारंभिक परीक्षा 22 अवुरी 23 नवंबर 2025 के होई। एकर मुख्य परीक्षा 4 जनवरी 2026 के होई।आईबीपीएस कस्टमर सर्विस एसोसिएट के प्रारंभिक परीक्षा 6, 7, 13 अवुरी 14 दिसंबर 2025 के होई। एकर मुख्य परीक्षा 1 फरवरी 2026 के होई।

कइसे जांच करीं

सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाई। एकरा बाद उs सब होमपेज पs अपना-अपना लिंक पz क्लिक करेले। अयीसन कईला के बाद एगो अलग खिड़की में आपके सोझा शेड्यूल खुल जाई। अब उम्मीदवार एकरा के चेक कs के डाउनलोड कs सकेले। आखिर में अगर उम्मीदवार चाहसु तs ओहमें से प्रिंट भी निकाल सकेलें.

एs जानकारी के अलावे रजिस्ट्रेशन समेत सभ विवरण के लेके आधिकारिक वेबसाइट पs कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल। उम्मीदवारन के सलाह दिहल गइल बा कि ताजा अपडेट खातिर आधिकारिक वेबसाइट पs पूरा नजर रखी.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: धीरे टहलला के सेहत पs पड़ सकेला भारी, Walking Speed के रखी ख्याल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]