Adani Power : अदाणी पावर के मिलल बिहार के मेगा थर्मल पावर प्रोजेक्ट, तीन अरब डॉलर के होई निवेश

Share

नई दिल्ली। अदाणी पावर के बिहार में 2,400 मेगावाट क्षमता के थर्मल पावर परियोजना स्थापित करे खातिर लेटर ऑफ इंटेंट प्राप्त भइल बा। ई ग्रीनफील्ड परियोजना भागलपुर जिला में स्थापित कइल जाई आ एमे लगभग तीन अरब डॉलर के निवेश कइल जाई।

कंपनी बियफे के बतवलें कि बिहार राज्य विद्युत उत्पादन कंपनी लिमिटेड (बीएसपीजीसीएल) से उत्तर बिहार विद्युत वितरण कंपनी लिमिटेड (एनबीपीडीसीएल) आ दक्षिण बिहार विद्युत वितरण कंपनी लिमिटेड (एसबीपीडीसीएल) के 2,274 मेगावाट बिजली के आपूर्ति खातिर आशय पत्र प्रदान कइल गइल बा।

अदाणी लगवलस सबसे कम बोली

कड़ा प्रतिस्पर्धा वाला निविदा प्रक्रिया में अदाणी पावर सबसे कम बोली लगावे वाली कंपनी रहे। एकर अंतिम आपूर्ति कीमत 6.075 रुपिया प्रति किलोवाट घंटा रहे।

डीबीएफओओ मॉडल के तहत विकसित होई परियोजना

परियोजना के डिजाइन, बिल्ड, फाइनेंस, स्वामित्व आ संचालन (डीबीएफओओ) मॉडल के तहत विकसित कइल जाई। एमे तीन अल्ट्रा-सुपरक्रिटिकल यूनिट्स (3×800 MW) लगावल जाई। पहिला यूनिट 48 महीना में आ अंतिम यूनिट 60 महीना के भीतर चालू होखे के उम्मीद बा।

राज्य में औद्योगीकरण के बढ़ावा मिले के उम्मेद

अडानी पावर के मुख्य कार्यकारी अधिकारी एसबी ख्यालिया कहलें कि हमनी के बिहार में 2,400 मेगावाट के थर्मल पावर परियोजना के विकास आ संचालन खातिर बोली जीत लेले बा। हमनी के तीन अरब डॉलर के निवेश से एगो नया ग्रीनफील्ड संयंत्र स्थापित करिहें। एकरा से राज्य में औद्योगीकरण के आउर बढ़ावा मिले के उम्मेद बा।

कोयला के आपूर्ति शक्ति नीति के तहत होई

उ बतवलें कि ई अत्याधुनिक आ कम उत्सर्जन वाला अल्ट्रा-सुपरक्रिटिकल तकनीक से युक्त परियोजना होई। ई राज्य के भरोसेमंद, प्रतिस्पर्धी कीमत पs विश्वसनीय आ गुणवत्तापूर्ण बिजली उपलब्ध कराई। एह परियोजना के कोयला के आपूर्ति केंद्र सरकार के SHAKTI नीति के तहत निर्धारित कोल लिंकज से होई।

12,000 लोगन के मिली रोजगार

परियोजना के निर्माण चरण में लगभग 10,000 से 12,000 लोगन के प्रत्यक्ष आ अप्रत्यक्ष रोजगार मिले के संभावना बा। जबकि संचालन सुरू होखला के बाद करीब 3,000 लोगन के स्थायी रोजगार मिली।

अदाणी पावर लिमिटेड (एपीएल), अडानी ग्रुप के हिस्सा हs आ भारत के सबसे बड़ निजी थर्मल पावर उत्पादक हs। कंपनी के कुल स्थापित थर्मल उत्पादन क्षमता 18,110 मेगावाट बा। ई गुजरात, महाराष्ट्र, कर्नाटक, राजस्थान, छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश, झारखंड आ तमिलनाडु में फइलल बा। एकरा अलावे गुजरात में 40 मेगावाट के एगाे सौर ऊर्जा संयंत्र कंपनी के लगे बा।

Read Also: Teacher Transfer : सीएम नीतीश कुमार के शिक्षक तबादला के लेके बड़ निरदेस, अब तीन जिलन के विकल्प दिहल जा सकी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-