[the_ad_group id="30365"]

Bihar Free Bijli: बिहार में एह जुलाई से बिजली फ्री, चुनाव से पहिले सीएम नीतीश कुमार के बड़ एलान

Bihar CM Nitish Kumar announcing free electricity scheme ahead of 2025 elections
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Free Bijli : बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले सीएम नीतीश कुमार बिहार के लोगन के बड़ खुसखबरी देले बाड़ें। बिहार के लोगन के अब 125 यूनिट फ्री बिजली मिली। सीएम ई जानकारी अपना एक्स हैंडल पs ट्वीट कs के देले बाड़ें।

सीएम लिखलें कि हमनी के सुरूए से सस्ता दरन पs सब केहू के बिजली उपलब्ध करा रहल बानी सs। अब हमनी के तय कs देले बा कि 1 अगस्त, 2025 से माने जुलाई महीना के बिल से राज्य के सब घरेलू उपभोक्तन कर 125 यूनिट तक बिजली के कवनो पईसा ना देवे के पड़ी।

एकरा से राज्य के कुल 1 करोड़ 67 लाख परिवारन के लाभ होई। हमनी के इहो तय कइले बानी सs कि अगिला तीन बरिस में एह सब घरेलू उपभोक्तन से सहमति लेके ओकरा घर के छतन पs अथवा नजदीकी सार्वजनिक स्थल पs सौर ऊर्जा संयंत्र लगाके लाभ दिहल जाई।

कुटीर ज्योति योजना के तहत जवन अत्यंत निर्धन परिवार होई ओकरा खातिर सौर ऊर्जा संयंत्र लगावे खातिर पूरा खर्च राज्य सरकार करी आ बाकी खातिर सरकार उचित सहयोग करी।

एकरा से घरेलू उपभोक्तन के अब बिजली के लेके 125 यूनिट तक कवनो खर्चा ना लागी (Bihar Free Bijli), संगही राज्य में अगिला तीन बरिसन में एगो अनुमान के अनुसार 10 हजार मेगावाट तक सौर ऊर्जा उपलब्ध हो जाई।

Read Also: Rohit Sharma आ Virat Kohli के कमी सभे के महसूस होला, BCCI दुनो के वनडे करियर पs देलस बड़ अपडेट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]