Teacher Transfer : सीएम नीतीश कुमार के शिक्षक तबादला के लेके बड़ निरदेस, अब तीन जिलन के विकल्प दिहल जा सकी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2025

पटना। शिक्षा विभाग के ओर से शिक्षकन के स्थानान्तरण (Teacher Transfer) के बाद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षक तबादला के लेके एगो बड़ निरदेस देले बाड़ें। उ सोशल मीडिया पs पोस्ट करत लिखले बाड़ें कि शिक्षा

Share

पटना। शिक्षा विभाग के ओर से शिक्षकन के स्थानान्तरण (Teacher Transfer) के बाद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षक तबादला के लेके एगो बड़ निरदेस देले बाड़ें।

उ सोशल मीडिया पs पोस्ट करत लिखले बाड़ें कि शिक्षा विभाग के ओर से हाल में कइल गइल शिक्षकन के स्थानान्तरण के बारे में अलग-अलग स्रोतन से सुझाव प्राप्त हो रहल बा। एकर समीक्षा के क्रम में हम शिक्षा विभाग के स्पष्ट निरदेस देले बानीं कि अन्तर जिला स्थानान्तरण संबंधी जवन शिक्षकन के समस्या बा, ओह लोगन से 3 जिलन के विकल्प प्राप्त कइल जाई, जवना के बाद ओह जिलन में ओह लोगन के पदस्थापन कइल जाई।


जिलन के अंदर पदस्थापन के काम जिला पदाधिकारी के समिति के ओर से कइल जाई ताकि यथासंभव इच्छित प्रखण्ड भा ओकरा नजदीक उनकर पदस्थापन हो सके। शिक्षक लोग लईकन के भविष्य खातिर बहुते महत्वपूर्ण बा लो, एहिसे हमार विनम्र आग्रह होई कि उ लोग एह बारे में चिंतित ना होके बिहार में लईकन के शिक्षा खातिर लगनपूर्वक काम करे।

Read Also: Bihar News: जमुई में मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश, मुखिया मुन्ना साव के घर में चलत रहे बड़ खेला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.