[the_ad_group id="30365"]

जेल में बंद एक्ट्रेस रान्या राव के सेशन कोर्ट से बड़ झटका, जमानत अर्जी खारिज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोना के तस्करी के आरोप में जेल में बंद कन्नड़ अभिनेत्री रान्या राव के सेशन कोर्ट से बड़ झटका लागल बा। कोर्ट अभिनेत्री के जमानत याचिका के खारिज कs देले बिया। जानकारी के मुताबिक अभिनेत्री रान्या राव के जमानत याचिका के निचला अदालत तीसरा बेर खारिज कs देले बिया। अब रान्या जमानत खातिर हाईकोर्ट के दरवाजा खटखटा सकेली।

रान्या राव के फिलहाल जेल में रहे के होई

सोना के तस्करी के मामला में कथित तौर पs शामिल होखे के आरोप में गिरफ्तार कन्नड़ अभिनेत्री रान्या राव बियफ़ें के सत्र अदालत के ओर से उनुका जमानत के याचिका खारिज कईला के बाद न्यायिक हिरासत में रहीहे। एकरा से पहिले 14 मार्च के आर्थिक अपराध के विशेष अदालत उनुका जमानत के याचिका के खारिज कs देले रहे। रान्या एहसे पहिले मजिस्ट्रेट कोर्ट में जमानत के आवेदन देले रहली, बाकिर उनुकर निहोरा खारिज कs दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: ‘हमके लोकसभा में बोले नइखे दिहल जात’, कांग्रेस नेता राहुल गांधी लगवले बड़ आरोप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]