[the_ad_group id="30365"]

सैफ अली खान पs हमला के आरोपी कोर्ट में डललस जमानत याचिका, मनगढ़ंत आरोप लगावे के दावा

सैफ अली खान पs हमला के आरोपी कोर्ट में डललस जमानत याचिका
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड अभिनेता सैफ अली खान पs हमला करे के आरोपी शरीफुल इस्लाम शहजाद मुंबई सेशन कोर्ट में जमानत याचिका दायर कईले बाड़े। अपना वकील के माध्यम से दायर याचिका में उs दावा कईले बाड़े कि उs कवनो अपराध नईखन कईले अवुरी उनुका खिलाफ केस मनगढ़ंत बा। हालांकि पुलिस के लगे तमाम सबूत पहिलही से बा। पुलिस एs मामला में सभ लोग के बयान भी दर्ज कs लेले बिया। बता दीं कि अभिनेता सैफ अली खान पs आरोपी चाकू से हमला कइले रहुवे. इs हमला मुंबई के उनुका फ्लैट पs भईल।

झूठा प्राथमिकी करे के दावा असल में सैफ अली खान पs हमला करेवाला आरोपी मुंबई सेशन कोर्ट में जमानत याचिका दायर कईले बाड़े। ई याचिका आरोपी शरीफुल इस्लाम शहजाद के वकील दायर कइले बाड़न. मुंबई सत्र न्यायालय में दायर याचिका में कहल गइल बा कि आरोपी के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी के गलत तरीका से बनावल गइल बा. आरोपी शरीफुल इस्लाम पुलिस जांच में पूरा सहयोग कईले बाड़े। पुलिस के लगे पहिलही से सगरी सबूत बा आ आरोपी कवनो तरह से एह मामिला में छेड़छाड़ नइखे कs सकत. 

बांद्रा कोर्ट में मामला चलता


फिलहाल एs मामला के सुनवाई बांद्रा मजिस्ट्रेट कोर्ट में होखता, बाकिर इs मुंबई सेशन कोर्ट के अधिकार क्षेत्र में आवेला। पुलिस एs मामला में आरोप पत्र दाखिल कईला के बाद मामला के सत्र अदालत में स्थानांतरित कs दिहल जाई। फिलहाल पुलिस एs मामला में कवनो आरोप पत्र दाखिल नईखे कईले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]