[the_ad_group id="30365"]

भीषण कार एक्सीडेंट के चपेट में अइले एक्टर, हालत गंभीर होले पs अस्पताल में भरती

प्रवीण डबास: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खोसला का घोसला’, ‘दिललगी’, ‘मॉनसून वेडिंग’’ आ ‘ये है जिंदागी’ जइसन कई गो फिलिमन में काम करे वाला अभिनेता प्रवीण डबास के कार शनिचर के दिने एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गइल. एह हादसा में प्रवीण डबास भी गंभीर रूप से घायल हो चुकल बाड़े। प्रवीण डबास के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ उनुकर इलाज चलत बा.

जानकारी के मुताबिक भरती के हालत गंभीर बतावल जाता अवुरी उनुका के आईसीयू में भरती करावल गईल बा। प्रवीण डबास एगो बॉलीवुड एक्टर हउवें आ कई गो फिलिमन में काम कs चुकल बाड़न. साथही साल 2011 में प्रवीण डबास एगो फिलिम के निर्देशन भी कइले रहले. प्रवीण अपना करियर में अबले 54 से अधिका फिलिमन आ वेबसीरीज में काम कs चुकल बाड़न.

प्रवीण डबास के पत्नी का कहली?

अभिनेता प्रवीण डबास के बियाह अभिनेत्री प्रीति से साल 2008 में भइल रहे. एs दुर्घटना के बारे में प्रीति बतवली कि “प्रवीण एगो कार दुर्घटना के शिकार हो गईल बाड़े। जेकरा बाद उनुका के होली फैमिली अस्पताल, बांद्रा में भर्ती करावल गईल बा। जहां उनुकर आईसीयू में इलाज चलता।” प्रवीण डबास के दुर्घटना के खबर के बाद उनुकर दोस्तो अस्पताल पहुंच रहल बाड़े। प्रवीण के परिवार अस्पताल पहुंच चुकल बा। बतावल जा रहल बा कि ई हादसा शनिचर के सबेरे भइल बा. हालांकि एकरा बारे में अबे ले कवनो खास जानकारी नईखे मिलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]