[the_ad_group id="30365"]

ऑस्कर’ खातिर चुनल गइल किरण राव के ‘लापता लेडीज’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

किरण राव के निर्देशन में बनल फिलिम ‘ लापता लेडीज’ एह साल प्रतिष्ठित ऑस्कर अवार्ड में भारत के प्रतिनिधित्व करी। फिल्म फेडरेशन ऑफ इंडिया एह फिलिम के भारत के आधिकारिक एंट्री के रूप में ऑस्कर में भेजले बा। एकर पुष्टि फिल्म फेडरेशन ऑफ इंडिया कइले बा।

हालही में किरण राव आपन इच्छा जतवले रहली कि उनुकर फिलिम ‘ लापता लेडीज’ के ऑस्कर में भेजल जाव। न्यूज एजेंसी पीटीआई से बात करत किरण राव कहले रहली कि उनकर इच्छा बा कि फिल्म ‘लापता लेडीज’ के ऑस्कर के दौड़ में शामिल कइल जाव। आ आजु फिल्म फेडरेशन ऑफ इंडिया एह फिलिम के आधिकारिक एंट्री का रूप में ऑस्कर में भेजे के पुष्टि कइले बा।

समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, भारतीय फिल्म महासंघ सोमार के दिने एलान कइलस कि ‘लापता लेडीज’ के ऑस्कर 2025 के आधिकारिक प्रविष्टि का रूप में चुनल गइल बा। रणबीर कपूर के ‘एनिमल’, मलयालम फिल्म ‘आत्तम’ आ पायल कापडिया के ‘ऑल वी इमेजिन एड लाइट’ समेत 29 गो फिलिमन के सूची से ‘लापता लेडीज’ के चयन कइल गइल बा।

फिल्म ‘लापता लेडीज’

असमिया निर्देशक जाहनु बरुआ के नेतृत्व में 13 सदस्यीय चयन समिति सर्वसम्मति से अकादमी अवार्ड में आमिर खान आ राव के निर्मित ‘ लापता लेडीज’ के सर्वश्रेष्ठ अंतर्राष्ट्रीय फिल्म श्रेणी में शामिल करे के फैसला कइलस। एह सूची में तमिल फिल्म ‘महाराजा’, ‘कलकी 2898 ई.’, ‘हनुमान’, ‘स्वतंत्र्य वीर सावरकर’ आ ‘आर्टिकल 370’ के शामिल कइल गइल। हालांकि एह खेल में जीत ‘लापता लेडीज’ के मिलल बा।

फिल्म ‘ लापता लेडीज’ के कहानी दू गो भारतीय दुल्हिन के कहानी पs बनल बा जवन विदाई के बाद अपना ससुराल जात घरी गलती से ट्रेन में भूला जात बाड़ी। फिल्म के कहानी दिल के छूवे वाला बा। एकर निर्माण आमिर खान प्रोडक्शन आ किरण राव के किंडलिंग प्रोडक्शन के बैनर तले भइल बा। ई फिलिम एह साल मार्च में सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे। एमें नितांशी गोयल, प्रतिभा रांटा, छाया कदम, स्पर्ष श्रीवास्तव आ अभय दुबे जइसन कलाकार शामिल बाड़े। एमें अभिनेता रवि किशन पुलिसकर्मी के किरदार में देखल गइल। महिला सशक्तिकरण के बारे में समाज के जागरूक करे के इ फिल्म हऽ।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]