[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: बदरपुर फ्लाईओवर पs कार आ ट्रक के टक्कर में 3 लो के दर्दनाक मउत, 4 के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी दिल्ली में एगो दर्दनाक सड़क दुर्घटना सोझा आईल बा। इहाँ एगो कार अवुरी ट्रक के बीच भारी टक्कर भईल। एs घटना में 3 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 4 लोग गंभीर रूप से घाही होखे के बात कहल जाता। सभे घाही के ट्रॉमा सेंटर में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज चलता। बता दीं कि ई हादसा बदरपुर फ्लाईओवर पs भइल बा। एs दुर्घटना के बाद पुलिस भी मउका पs पहुंच गईल। सभे घाही के इलाज हो रहल बा। बतावल जा रहल बा कि सभे बियाह के रस्म से लवटत रहले।

गाड़ी में 7 लोग रहले

जानकारी देत ​​दिल्ली पुलिस कहलस कि पीएस बदरपुर में 00:48 बजे पीसीआर कॉल आईल। कॉल पs कॉलर करेवाला बतवलस की बदरपुर फ्लाईओवर पs एगो कार शोरूम के नजदीक दुर्घटना भईल। उ एगो कार अवुरी ट्रक के बीच दुर्घटना के सूचना देले। पुलिस के कहनाम बा कि गाड़ी में 7 लोग रहले, जवना में से 3 लोग के मउत हो गईल अवुरी बाकी लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। आगे बतावल गईल कि कार चालक के नियंत्रण खतम हो गईल रहे, जवना के बाद गाड़ी डिवाइडर से टकरा गईल अवुरी उल्टा दिशा में चल गईल। एकरा बाद गाड़ी उहाँ खड़ा एगो ट्रक से टकरा गईल।

घटना में शामिल लोगन के भइल पहचान-

-मृतक राज (21) पुत्र कमल सिंह, निवासी D-191 संजय कॉलोनी ओखला

-मृतक संजू (38) पुत्र तजेंदर सिंह, निवासी D-234 संजय कॉलोनी ओखला

-मृतक दिनेश (22) पुत्र दुर्गा प्रसाद, निवासी D-191 संजय कॉलोनी ओखला

-घायल नीरज (18) पुत्र राधे, निवासी D-191 संजय कॉलोनी ओखला

-घायल अजीत (28) पुत्र सत्यवीर, निवासी D-496 संजय कॉलोनी ओखला

-घायल विशाल (28) पुत्र मवेशी, निवासी D-103 संजय कॉलोनी ओखला

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]