Border Gavaskar Trophy से ठीक पहिले Aaron Finch लेलें अंतरराष्‍ट्रीय क्रिकेट से संन्‍यास, अइसन रहल करियर

Anurag Ranjan

ऑस्‍ट्रेलियाई पुरुष टी20 इंटरनेशनल टीम के कप्‍तान आरोन फिंच ने मंगर के अंतरराष्‍ट्रीय क्रिकेट से संन्‍यास के घोषणा कइलें। फिंच कहलें कि ऊ खेल के कुछ सर्वश्रेष्‍ठ खिलाड़ीयन के संगे खेलके सम्‍मानित महसूस करत बाड़ें।

आरोन फिंच विस्‍फोटक ओपनिंग बल्‍लेबाज के रूप में जानल जाले। पिछला साल ऑस्‍ट्रेलियाई टीम अपना घर में टी20 वर्ल्‍ड कप के नॉकआउट चरण में जगह बनावे से चूक गइल रहे, तब से फिंच के जगह पs खतरा मंडरात रहे। फिंच 2011 में इंग्‍लैंड के खिलाफ डेब्‍यू कइलें आ ऑस्‍ट्रेलिया खातिर 103 टी20 इंटरनेशनल मैच खेललें, जेमे से 76 मुकाबलन में ऊ कप्‍तानी कइलें।

36 साल के फिंच संन्‍यास के घोषणा करत कहलें, ‘2024 टी20 वर्ल्‍ड कप तक हम ना खेल पायेम, एकर एहसास करत हमरा ला कप्‍तानी छोड़ल आ टीम के योजना बनावे आ इवेंट के तइयारी करे देवे के सही समय बा।’ इयाद दिला दीं कि आरोन फिंच अपना कप्‍तानी में ऑस्‍ट्रेलिया के पहिला बेर टी20 वर्ल्‍ड कप चैंपियन बनवले रहस। 2021 में दुबई में ऑस्‍ट्रेलियाई टीम फिंच के नेतृत्‍व में आपन पहिला टी20 वर्ल्‍ड कप खिताब जीतले रहे।

आरोन फिंच पिछला साल सितंबर में वनडे प्रारूप से संन्‍यास लेले रहस। ऊ कहलें, ’12 साल ऑस्‍ट्रेलियाई टीम के प्रतिनिधित्‍व कइल आ सर्वकालिक दिग्‍गज खेलाडियन के साथे आ खिलाफ खेलल हमरा खातिर बड़ सम्‍मान के बात बा।’ मालूम होखे कि टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में फिंच के नावे सर्वश्रेष्‍ठ व्‍यक्तिगत स्‍कोर बनावे के रिकॉर्ड दर्ज बा। दहिना हाथ के बल्‍लेबाज 2018 में जिंबाब्‍वे के खिलाफ मात्र 76 गेना में 172 रन के तूफानी पारी खेलले रहस।

अइसन रहल करियर

क्रिकेट ऑस्‍ट्रेलिया के चेयरमैन लैचलान हेंडरसन कहलें कि फिंच ऑस्‍ट्रेलिया के सर्वश्रेष्‍ठ सफेद गेना के खेलाडियन में से एगो बाड़े। हेंडरसन कहले, ‘जहां ऊ मैदान पs कड़ा प्रतिस्‍पर्धी रहलें, ओहिजा फिंच हमेशा चेहरा पs मुस्‍कुराहट रखत खेल खेलले आ उहो सही भावना के संगे।’

आरोन फिंच 146 वनडे में 38.89 के औसत रखत 17 शतक आ 30 अर्धशतकन के मदद से 5406 रन बनवलें। ओहिजा टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में ऊ 103 मैचन में दु शतक आ 19 अर्धशतकन के मदद से 3120 रन बनवलें। एह दौरान उनकर औसत 34.28 के रहल जबकि 142.53 के स्‍ट्राइक रेट रहल। फिंच टेस्‍ट क्रिकेट में जादे सफल ना रहलें। ऊ 5 टेस्‍ट के 10 पारियन में दु अर्धशतक के मदद से 278 रन बनवलें। उनकर औसत 27.80 के रहल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।