WIPL Auction 2023: एह दिन महिला खिलाड़ियन पs होई पईसा के बरखा, जानीं विमेंस IPL से जुड़ल पूरा जानकारी 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2023

WPL Auction 2023: आईपीएल (IPL) के सफल होखला के बाद बीसीसीआई (BCCI) साल 2023 में पहिला बेर महिला आईपीएल 2023 (Women’s IPL 2023) खातिर मंजूरी दे देले बा। बता दीं कि महिला आईपीएल (Women’s IPL

Share

WPL Auction 2023: आईपीएल (IPL) के सफल होखला के बाद बीसीसीआई (BCCI) साल 2023 में पहिला बेर महिला आईपीएल 2023 (Women’s IPL 2023) खातिर मंजूरी दे देले बा। बता दीं कि महिला आईपीएल (Women’s IPL 2023) में कुल 5 टीम हिस्सा ली, जेमे मुंबई इंडियंस, गुजरात जायंट्स, लखनऊ वॉरियर्स, रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर आ दिल्ली कैपिटल्स के टीम सामिल बाड़ी सs।

ईएसपीएनक्रिकइन्फो के एगो रिपोर्ट के अनुसार, 13 फरवरी के महिला आईपीएल (Women’s IPL) के ऑक्शन कइल जाई। एह दिन महिला खिलाड़ियन पs पईसा के बौछार होई। अइसन में एह आर्टिकल के माध्यम से आईं जानल जाव विमेंस आईपीएल नीलामी से जुड़ल हर जानकारी इहां।

13 फरवरी के मुंबई में होई Womens IPL के नीलामी

दरअसल, महिला आईपीएल (Women’s IPL 2023) के पहिला संस्करण खातिर खिलाड़ियन पs बोली लगावल जाई। एह लीग खातिर टीमन के नीलामी 13 फरवरी के मुंबई में होई, जेमें कुल 90 खिलाड़ियन पs पईसा के बौछार होई। ईएसपीएनक्रिकइन्फो के रिपोर्ट के अनुसार, हर टीम के ऑक्शन पर्स में 12 करोड़ रुपिया मिली।

पहिला सीजन खातिर बीसीसीआई 13 फरवरी के नीलामी के डेट के ऐलान कइल बा। हर फ्रेंचाइजी अपना टीम में कम से कम 15 से 18 खिलाड़ी किन सकत बा। एमें 7 खिलाड़ी विदेशी हो सकत बा लो। प्लेइंग-11 में 5 विदेशी खिलाड़ी खेल सकी लो, जेमें एगो एसोसिएट देस से होखल जरूरी बा।

महिला प्रीमियर लीग में खेलल जाई कुल 22 मैच

कुछ दिन पहिले एगो रिपोर्ट में इहो कहल गइल रहे कि 22 मैचन वाला डब्ल्यूपीएल में पांच दिन मैच ना खेलल जाई। एलिमिनेटर 24 मार्च के सीसीआई में आ फाइनल 26 मार्च, अतवार के डीवाई पाटिल स्टेडियम में होई। अडानी स्पोर्ट्सलाइन प्राइवेट के माध्यम से अदानी समूह के 1289 करोड़ रुपए के उच्चतम बोली के संगे गुजरात जायंट्स नाम के अहमदाबाद फ्रेंचाइजी मिलल। इंडियाविन स्पोर्ट्स प्रा. लिमिटेड ने 912.99 करोड़ रुपिया के बोली के संगे मुंबई फ्रेंचाइजी के अधिग्रहण कइल।

वायकॉम 18 को मिलल मीडिया अधिकार

रॉयल चैलेंजर्स स्पोर्ट्स प्रा. लिमिटेड, जेएसडब्ल्यू जीएमआर क्रिकेट प्रा. लिमिटेड आ कैपरी ग्लोबल होल्डिंग्स प्रा. लिमिटेड बाकी तीन टीम, बैंगलोर, दिल्ली आ लखनऊ के क्रमश: 901 करोड़ रुपिया, 810 करोड़ रुपिया आ 757 करोड़ रुपिया के बोलियन के संगे जीतल। वायकॉम18 मीडिया प्राइवेट लिमिटेड 2023-2027 खातिर डब्ल्यूपीएल के मीडिया अधिकारन के बोली जीतले रहे। वायकॉम18 951 करोड़ रुपिया के बोली के संगे अधिकार हासिल कइलस, जवन प्रति मैच 7.09 करोड़ रुपिया के बराबर बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.