[the_ad_group id="30365"]

आम आदमी पार्टी के दावा- गुजरात में हमनीके कार्यालय पर पड़ल छापा, पुलिस बोललस- पार्टी के ट्वीट से मिलल ई जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात में आगामी विधानसभा चुनाव खातिर दिल्ली के सीएम अउरी आम आदमी पार्टी के मुखिया अरविंद केजरीवाल खूब सक्रिय बानें। गुजरात भाजपा के गढ़ कहल जाला लेकिन इहां आप पार्टी सत्ता में आवे खातिर पुरजोर तरीका से मेहनत कs रहल बिया।

एह बीच गुजरात में आम आदमी पार्टी के नेता इसुदान गढ़वी ट्वीट कs के आरोप लगवलें बानें कि केजरीवाल के अहमदाबाद पहुंचते आम आदमी पार्टी के कार्यालय पर गुजरात पुलिस रेड डरलस। ऊ कहलें कि पुलिस दू घंटा ले तलाशी लिहलस अउर फिर चलि गइल। कुछ नाइ मिलल त कहलें कि फिर आवल जाई। हालांकि, एह पर पुलिस साफ कइलें बिया कि उ आप कार्यालय पर छापा नाइ डरलस अउर ओके एह घटना के जानकारी पार्टी के ट्वीट से ही मिल रहल बा।

केजरीवाल बोलले- हमनीके कट्टर ईमानदार अउरी देशभक्त लोग हईं जा

अहमदाबाद स्थित पार्टी दफ्तर पs छापा के खबर के ले के केजरीवाल कहलें, “गुजरात के जनता से मिल रहल अपार समर्थन से भाजपा एकदम बउखिया गइल बा। आप के पक्ष में गुजरात में आंधी चल रहल बा। दिल्ली के बाद अब गुजरात में भी रेड कइल शुरू कe देहलस। दिल्ली में कुछ नाइ मिलल, गुजरात में भी कुछ नाइ मिलल। हमनीके कट्टर ईमानदार अउरी देशभक्त लोग हई जा।

का रहल पुलिस के बयान?

हालांकि, एगो पुलिस अधिकारी एह दावा के खंडन कइलें अउरी कहलें कि जब आप के पदाधिकारियन से संपर्क कइल गइल त ऊ एह बारे में कौनो जानकारी नाइ देहलें कि छापेमारी के कइल अउरी सचहूँ का भइल।

नवरंगपुरा पुलिस थाना के निरीक्षक पीके पटेल एह दावा के खंडन करत कहलें कि अइसन कौनो छापेमारी नाइ कइल गइल रहल। पटेल बतवलेनज़ ‘‘छापा के ले के गढ़वी के ट्वीट के बारे में जानकारी मिलला के बाद बाद हम, व्यक्तिगत रूप से अतवार रात पार्टी कार्यालय गइलीं अउरी विवरण मंगलीं। लेकिन उहां मौजूद यज्ञेश नाम के आदमी सहित पार्टी नेता गढ़वी के दावा के मुताबिक कौनो विवरण नाइ देहलें कि के आइल रहे अउरी सचहूँ का भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]