[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस बदललस अध्यक्ष चुनाव के नियम: नॉमिनेशन भरे वाला के मिली 9 हजार डेलीगेट्स के लिस्ट; 5 सांसद  लोग कइले रहे ट्रांसपेरेंसी के डिमांड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगिला महीना होखे आला कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव से पहिले पार्टी लीडरशिप चुनाव प्रक्रिया में बड़ बदलाव करे के फसीला कइले बा। कांग्रेस नेता मधुसूदन मिस्त्री बतवले कि चुनाव खातिर नामांकन भरे वाला सब पार्टी नेता लोगन के इलेक्टोरल कॉलेज में शामिल सभे 9 हजार डेलीगेट्स के लिस्ट देखे के मिली। ई लिस्ट पार्टी के सेंट्रल इलेक्शन अथॉरिटी के लगे 20 सितंबर से उपलब्ध होई।

पांच नेता लो कइले रहे चुनाव प्रक्रिया में ट्रांसपेरेंसी के मांग

शशि थरूर, कार्ति चिदंबरम, मनीष तिवारी समेत कांग्रेस के पांच सांसद पार्टी के केंद्रीय इलेक्शन अथॉरिटी के अध्यक्ष मधुसूदन मिस्त्री के पत्र लिखके चुनावी प्रक्रिया में ट्रांसपेरेंसी के मांग कइले रहे लो। एकरा बाद कांग्रेस लीडरशिप ई फसीला लिहल।

असल में, हाल के कुछ दिनन में कांग्रेस से लगातार बड़ नेता लोग इस्तीफा देले बा, अइसन में कयास लगावल जा रहल बा कि बाकी नेता लोगन के नाराजगी दूर करे खातिर पार्टी हाईकमान ई डेग उठवले बा। कांग्रेस अध्यक्ष के चुनाव 17 अक्टूबर के होखे के बा। एकरा खातिर 24 से 30 सितंबर के बीच नामांकन दाखिल कइल जाई।

मधुसूदन मिस्त्री पत्र लिखके देले जवाब

पांचों नेता लोगन के नाम पत्र में मधुसूदन मिस्त्री कहले कि जे नेता एह चुनाव में भाग लिहल चाहत बा ऊ अपना राज्य के कांग्रेस ऑफिस में राज्य के 10 डेलीगेट्स के लिस्ट देख पाई। जइसही नामांकन दाखिल हो जाई आ चीफ रिटर्निंग ऑफिसर के सउप दिहल जाई, तs नेता लोगन के डेलीगेट्स के पूरा सूची मिल जाई।

मधुसूदन निस्त्री कहले कि जदि कवनो नेता अलग-अलग राज्यन से 10 समर्थकन के नॉमिनेशन पावे के चाहत बा तs ओकरा कांग्रेस के दिल्ली दफ्तर में हमार ऑफिस में 20 सितंबर के बाद सब 9000 डेलीगेट्स के लिस्ट मिल जाई। नॉमिनेशन भरे के इच्छुक नेता एह लिस्ट में से आपन 10 समर्थक चुनके ओह लो से साइन कराके ओह लो के समर्थन ले सकत बा। एकरा बाद 24 सितंबर तक  नॉमिनेशन दाखिल कइल जा सकत बा।

कांग्रेस नेता पहिलहु कर चुकल बा लो वोटिंग लिस्ट के मांग

एकरा पहिलहु कांग्रेस के सीनियर लीडर आ जी-23 के असंतुष्ट नेता लोगन के मेंबर मनीष तिवारी कांग्रेस संगठन चुनाव के निष्पक्षता पs सवाल खड़ा कइलें रहस। ऊ कहले रहस कि वोटिंग लिस्ट के बिना कांग्रेस अध्यक्ष पद के निष्पक्ष चुनाव कइसे होई? ऊ मांग कइले कि निष्पक्ष चुनाव खातिर पार्टी के वोटर के नाम-पता पब्लिश कइल जाये के चाही।

तिवारी मिस्त्री से कहले रहस कि वोटिंग लिस्ट के कांग्रेस के वेबसाइट पs पारदर्शी तरीका से पब्लिश कइल जाये के चाही। ऊ कहले रहस कि निष्पक्ष चुनाव के पहिला शर्त बा कि वोटरन के नाम-पता सामने ले आवल जाव। पार्टी नेता शशि थरूर आ कार्ति चिदंबरमो एह ममिला प आपन बात कह चुकल बा लो।

साभार: भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]