Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गरबा पंडाल में फोटो-वीडियो बनावत रहल मुस्लिम युवक, पुछला पर गलत नाम बतवलस, जेल भेजलें

275
मध्यप्रदेश के इंदौर में पांच मुस्लिम युवकन के पुलिस ने गरबा पंडाल में युवतियन अउरी महिला लोग के फोटो-वीडियो बनावे के आरोप में गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। बजरंग दल के कार्यकर्ता लोग जब इनसे नाम पुछलें त उ गलत नाम बतवले रहे। आईडी भी नाइ दिखवलस।
पंढरीनाथ में हो रहल गरबा के दौरान बुधवार रात के हंगामा हो गइल। मुस्लिम युवक फोटो-वीडियो बनावत रहलें। बजरंग दल के कुछ कार्यकर्ता लोग उनके रोकल। उनके नाम पूछल। आईडी भी मंगलें। ऊ झूठ बोलत रहें। गलत नाम बतावत रहे। मामला पुलिस ले पहुंचल त सब के गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहल गइल बा। पंढरीनाथ थाना प्रभारी सतीश पटेल के मुताबिक सब युवक मोतीतबेला अउर मल्हारगंज इलाका के रहे वाले हवें। युवकन के खिलाफ प्रतिबंधात्मक धारा में केस दर्ज कइल गइल बा। सबके जेल भेज दिहल गइल बा।
345210cookie-checkगरबा पंडाल में फोटो-वीडियो बनावत रहल मुस्लिम युवक, पुछला पर गलत नाम बतवलस, जेल भेजलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.