[the_ad_group id="30365"]

गरबा पंडाल में फोटो-वीडियो बनावत रहल मुस्लिम युवक, पुछला पर गलत नाम बतवलस, जेल भेजलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्यप्रदेश के इंदौर में पांच मुस्लिम युवकन के पुलिस ने गरबा पंडाल में युवतियन अउरी महिला लोग के फोटो-वीडियो बनावे के आरोप में गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। बजरंग दल के कार्यकर्ता लोग जब इनसे नाम पुछलें त उ गलत नाम बतवले रहे। आईडी भी नाइ दिखवलस।
पंढरीनाथ में हो रहल गरबा के दौरान बुधवार रात के हंगामा हो गइल। मुस्लिम युवक फोटो-वीडियो बनावत रहलें। बजरंग दल के कुछ कार्यकर्ता लोग उनके रोकल। उनके नाम पूछल। आईडी भी मंगलें। ऊ झूठ बोलत रहें। गलत नाम बतावत रहे। मामला पुलिस ले पहुंचल त सब के गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहल गइल बा। पंढरीनाथ थाना प्रभारी सतीश पटेल के मुताबिक सब युवक मोतीतबेला अउर मल्हारगंज इलाका के रहे वाले हवें। युवकन के खिलाफ प्रतिबंधात्मक धारा में केस दर्ज कइल गइल बा। सबके जेल भेज दिहल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]