[the_ad_group id="30365"]

यूपी के मुजफ्फरनगर में एगो मरीज के पेट से निकलल स्टील के 63 चम्मच, जानीं पूरा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर जनपद में एगो हैरान कs देवे वाला मामला सामने आइल बा, जेमें एगो निजी अस्पताल में ऑपरेशन के दौरान डॉक्टर लोग एगो मरीज के पेट से एक नाइ बलुक एक के बाद एक 63 स्टील के चम्मच निकलले बा। मरीज के हालत अभिन गंभीर बतावल जा रहल बा। दरअसल जानकारी के मुताबिक, थाना मंसूरपुर क्षेत्र के गांव बोपाडा निवासी विजय मंशा के आदी हवें। जेकरे चलते विजय के परिजन लोग उनके नशा मुक्ति केंद्र में भर्ती करावल गइल रहे।

बतावल जा रहल बा कि जनपद शामली में स्थित एगो नशा मुक्ति केंद्र में विजय के लगभग पाँच महीना पहिले भर्ती करावल गइल रहे जहां उनकर तबीयत बिगड़ल त उनके घरवाले मुजफ्फरनगर के एगो निजी हॉस्पिटल में भर्ती करवले जहां डॉक्टर उनकर ऑपरेशन कइले त उनके पेट से 63 स्टील के चम्मच निकलले पर मेडिकल स्टाफ के भी होश उड़ गइल क्योंकि अइसन उहो लोग पहिला बेर देखले रहल।

अब सवाल ई उठल कि एतना चम्मच आखिरकार विजय के पेट में कइसे गइल. काहेसेकि सामान्यतः ई संभव नाइ बा कि कौनो व्यक्ति खाना के संगे चम्मच भी खा जाए. मगर विजय के परिजन लोग के ई आरोप बा कि उनके नशा मुक्ति केंद्र के स्टाफ जबरन चम्मच खियावल। मगर पीड़ित अभिन एह मामला के कौनो शिकायत नइखे कइले।

एह बारे में जानकारी देत विजय के भांजे अखिल चौधरी बतवलें कि हमार मामा जी के नशा मुक्ति केंद्र में भर्ती कइल गइल रहे. उ उहाँ उनके चम्मच खियवलें सब। चम्मच खइलें के बाद उन के दिक्कत भइल त हमनीके उनकर इहाँ ऑपरेशन करवनी जा। पता चलल कि 63 चम्मच पेट में रहल। अभिन इनकर हालत सीरियस बा। ई 5 महीना पहिले भर्ती भइल रहलें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]