Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बी0एड0 विद्यार्थियन द्वारा आयोजित कइल गइल एगो छोट शिविर

1,018

गोरखपुर जिला में स्थित भौवापार में सेण्ट ऐण्ड्रयूज काॅलेज, गोरखपुर के बी0एड0 शिक्षक प्रशिक्षुओं द्वारा ग्राम पंचायत भौवापार अउरी जूनियर हाईस्कूल भौवापर में सामुदायिक गतिविधि से सम्बंधित जागरूकता कार्यक्रम के तहत एगो लघु शिविर लगावल गइल। पूर्व माध्यमिक विद्यालय, भौवापार, क्षेत्र पिपरौली, गोरखपुर के प्रधानाध्यापिका श्रीमती संध्या कुशवाहा अउरी सह-शिक्षिका लोग के सहयोग से विद्यालय में अध्ययनरत लगभग 250 छात्र-छात्रा लोग के बी0एड0 विद्यार्थियन द्वारा स्त्री सुरक्षा अउर महिला सशक्तीकरण से सम्बंधित कई उपयोगी जानकारी देहल गइल।

अंजली बचवन के बतवली कि विपरीत परिस्थिति में स्वयं के सुरक्षा कइसे करें। ज्योति कराटा के कुछ दाँव बतवली त भव्या छात्रा लोग के गुडटच, बैडटच अउरी महिला हेल्प लाइन से अवगत करवली। प्राची छात्रा लोग के उपयुक्त बियाह के उमिर का होखे के चाहीं’ बतवली अउरी उक्त विद्यालय के एगो छात्रा भ्रूण हत्या पर एगो गीत गा के जागरूक कइलीं।

एही क्रम में पंचायत भवन पर जाके ग्राम पंचालय भौवापार के ग्राम प्रधान श्री धनन्जय सिंह, सचिव श्री राजीव दूबे के सहयोग से बी0एड0 विद्यार्थी सब कहानी, कविता और गीत के माध्यम से ई संदेश दिहल कि एगो सशक्त समाज के निर्माण तब्बे संभव बा जब बेटी शिक्षित होइहें। एह अवसर पर पंचायत भवन पर अधिक संख्या में ग्रामीण महिला अउरी पुरूष लोग के उपस्थिती रहल।

कार्यक्रम के अन्त में महिला अउरी स्कूली छात्रा लोग के बी0एड0 शिक्षक प्रशिक्षुअन द्वारा स्व-व्यवस्था के अन्तर्गत साबुन, सेनेटाइजर, हैण्डवाश, बिस्कुट, चाकलेट अउरी सेनेटरी पैड बांटल गइल। एह कैम्प के आयोजन बी0एड0 विभाग के विभागाध्यक्षा डाॅ0 (श्रीमती) रेखा रानी मिश्रा कइलीं। कार्यक्रम के सफल बनवला मे कार्यक्रम समन्वयक श्रीमती मोनी जेवियर, सह-समन्वयक डाॅ0 सुषमा श्रीवास्तव अउरी श्री जिलाजीत चैधरी सहित विभाग के समस्त प्रशिक्षकन के महत्वपूर्ण योगदान रहल। बी0एड0 शिक्षक-प्रशिक्षुअन के कोशिश सराहनीय रहल।

344860cookie-checkबी0एड0 विद्यार्थियन द्वारा आयोजित कइल गइल एगो छोट शिविर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.