[the_ad_group id="30365"]

कानपुर के अवैध झोपड़पट्टी में लागल भीषण आग, 100 से अधिका झोपडी , कई गो दुकान जर के राख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

कानपुर में आग: यूपी के कानपुर में अवैध रूप से बनावल एगो झुग्गी-झोपड़ी में भारी आग लाग गईल। कुछ समय में ए आग में 100 से जादा झोपड़ी अवुरी दर्जन भर दोकान जर के राख हो गईल। कबाड़ से आग लाग गईल रहे।आग के तेज लपट देख के जनता में दहशत फैल गईल बा। आग पs काबू पावे के कोशिश जारी बा।

जवना झोपड़ी में आग लाग गईल उs कानपुर के रायपुरवा थाना क्षेत्र के जूही राखी मंडी इलाका में बा। आग लगला के जानकारी मिलते पुलिस अवुरी फायर ब्रिगेड के जवान मउका पs पहुंचले अवुरी तुरंत आग बुझावे के पूरा कोशिश शुरू कs देले, मिलल जानकारी के मुताबिक सबेरे करीब 8:30 बजे जल निगम कार्यालय के नजदीक डस्टबिन में लागल आग हवा के चलते भयानक रूप ले लेलस। कुछ ही समय में एकरा से ताण्डव मच गईल।

सबेरे काम पs जाए के तईयारी में लोग व्यस्त रहले कि आग लाग गईल। आग के तीव्रता से डेरा के लोग इधर-उधर भाग के आपन सामान निकाले लगले। आग एतना बड़ रहे कि लोग के आपन सामान के थोड़-बहुत हिस्सा भी निकाले के मउका ना मिलल। लोग के पूरा घर जर के राख हो गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]