Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जब नरेंद्र मोदी के एगो व्यक्ति ‘तू’ के नाम से संबोधित कईले, बाद में माफी मंगले पs अइसन मिलल जवाब

339

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के भाषण के चर्चा हमेशा रहेला। प्रधानमंत्री मोदी के बातचीत में बहुत सहज मानल जाला। लमहर राजनीतिक जिनगी में रहला का बाद उनुका जिनिगी से जुड़ल कई गो बात सामने आवत रहेला. हम रउरा सभे के अइसने एगो किस्सा बतावे जा रहल बानी, जब ऊ भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव रहले आ एगो व्यक्ति उनुका के “तू” कहि के संबोधित करत रहले. बाद में उ व्यक्ति एनकरा खातिर माफी मंगलस।

मोदीस्टोरी डॉट इन प अपलोड भईल एगो वीडियो में भरत मोदी बतवले कि नरेंद्र मोदी एगो कार्यक्रम में शामिल होखे खातीर बीएन हाई स्कूल पहुंचल रहले। डॉ. सुधीरो ओह प्रोग्राम में रहले, जे उनकर पुरान दोस्त रहले, एक संगे पढ़ले रहले। डॉ. सुधीर जब नरेंद्र मोदी से बात करत स्कूल के बारे में बतावत रहले त उ बचपन के दोस्त के रूप में बोलत नरेंद्र मोदी के ‘तू’ कहले। बाद में उ एकरा खातिर नरेंद्र मोदी से माफी मंगले।

भरत मोदी कहले रहले कि ‘डॉ. सुधीर के माफी मांगे प नरेंद्र भाई मोदी कुछ ना बोलले, लेकिन जब उ मंच प पहुंचले अउरी भाषण देवे लगले त भाषण में ए बात के जिक्र करत कहले कि, सुधीर बस एन्ने-ओन्ने घूमत रहले अउरी स्कूल के बारे में बतियावत रहले, एहसे उ एक-दु काम कईले के बाद हमरा के ‘तू’ बोलवलस आ फेर उ एकरा खातिर माफी मांगे लगलें। बाकिर हम सुधीर से कहत बानी कि रउरा से केहू मिल जाव त सुख के भाव अकल्पनीय बा. एह से ओह लोग के साधारण व्यवहार के पता चलत बा.

प्रधानमंत्री बने से पहिले नरेंद्र मोदी बहुत दिन से आरएसएस, भाजपा में कार्यकर्ता के रूप में काम करत रहले। इमरजेंसी के समय भी नरेंद्र मोदी भेस बदल के घूमत रहले। अक्सर नरेंद्र मोदी पंजाबी आदमी के वेशभूषा पहिनत रहले, अइसन में पुलिस तक उनुका के ना चिन्ह पावत रहे अउरी उ भागत रहले।

महत्व के बात बा कि नरेंद्र मोदी चार बेर गुजरात के मुख्यमंत्री बनल बाड़े। नरेंद्र मोदी 2001 में पहिला बेर गुजरात के मुख्यमंत्री बनले अवरू ओकरा बाद 2002, 2007 अवरू 2012 के विधानसभा चुनाव में मोदी जीतले। साल 2014 से नरेंद्र मोदी भारत के प्रधानमंत्री पद के जिम्मेवारी सम्हारत बाड़े अवुरी उनुका नेतृत्व में भाजपा एगो नाया ऊंचाई हासिल कईले बिया।

257040cookie-checkजब नरेंद्र मोदी के एगो व्यक्ति ‘तू’ के नाम से संबोधित कईले, बाद में माफी मंगले पs अइसन मिलल जवाब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.