डीडीयू: पत्रकारिता के अतिथि शिक्षक आयुष सेंगर के विदाई समारोह में उमड़ल भावुकता के सैलाब

ayush sengar farewell

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग में मंगर के अतिथि शिक्षक आयुष सेंगर के विदाई समारोह के आयोजन कइल गइल। एह दौरान सब विद्यार्थियन आ शिक्षकन के बीच भावुकता के सैलाब उमड़ पड़ल। सब केहू उनका संगे आपन स्मृतियन के साझा कइल आ बुके, मोमेंटों, अंगवस्त्र आउर पोर्ट्रेट देके सम्मान कइल।

शिक्षक के असली कमाई होला विद्यार्थियन से मिले वाला प्रेम आ सम्मान 

विभाग के पूर्व अध्यक्ष आ वरिष्ठ आचार्य प्रोफेसर अनिल राय अपना उद्बोधन में कहलें कि कवनो शिक्षक के असली कमाई ओकरा छात्रन के ओर से मिले वाला प्रेम आ सम्मान होला। आयुष सेंगर के विदाई समारोह में आज पत्रकारिता के विद्यार्थी जवना तरे आपन सहभागिता दिखा रहल बा लो, एकरा से ई साबित होता कि ऊ एगो सफल शिक्षक बाड़ें। ऊ आयुष के बेहतर भविष्य खातिर आपन सुभकामना देलें।

अपना अध्यक्षीय वक्तव्य में विभागाध्यक्ष प्रोफेसर कमलेश कुमार गुप्त कहलें कि आयुष एगो सफल शिक्षक होखला के संगे-संगे विभाग के विद्यार्थियन खातिर हमेशा नया आ नवीनतम तरीकन के सामने लेके आवत रहल बाड़ें। हालांकि ऊ  बेहतर भविष्य खातिर नया कार्य स्थल पs जा रहल बाड़ें  बाकिर विभाग के उनका साथ के हमेशा जरूरत रही। विभाग से उनकर संबंध हमेसा बनल रही।

उज्ज्वल भविष्य खातिर दिहल गइल बधाई आ सुभकामना 

विभाग के शिक्षक डॉ. अन्वेषण, अभय, डॉ. नरगिस बानो, डॉ. रजनीश चतुर्वेदी, डॉ. नरेंद्र कुमार, डॉ. सुनील कुमार, डॉ. रितु सागर, डॉ. प्रियंका नायक, डॉ. राम नरेश राम, प्रो. प्रत्यूष दुबे, प्रो. राजेश कुमार मल्ल, डॉ. विमलेश कुमार मिश्र आदि अतिथि शिक्षक आयुष सेंगर के संगे आपन स्मृतियन के विद्यार्थियन के संगे साझा कइल आ उनका उज्ज्वल भविष्य खातिर बधाई आ सुभकामना दिहल।

कार्यक्रम के आयोजन पत्रकारिता पाठ्यक्रम के सब छात्र संयुक्त रूप से कइल लो। मंच संचालन अनुराग रंजन कइलें। एह दौरान चंदन शर्मा, अरुण कुमार राय, मयंक टिबरेवाल, अनुराग मिश्र, अभिषेक, ऋषि, अनूप, सुधांशु  प्रगति, रजनी, प्रखर, शशांक, निधि, मुस्कान, हेमा, सलोनी, अंकित सहित बीजे आ एमजे के सब छात्र-छात्रा मवजूद रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-