JPU: परीक्षा खातिर सारिणी जारी, 7 दिसंबर से सुरू होई स्नातक दूसरका बरिस के परीक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2024

छपरा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय छपरा में सत्र 2021-24 के स्नातक दूसरका बरिस के परीक्षा फॉर्म भरे के काम जारी बा। एही बीच विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग परीक्षा खातिर समय सारिणी जारी कs देले बा। जारी सारिणी

Share

PHD Enterance Exam

छपरा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय छपरा में सत्र 2021-24 के स्नातक दूसरका बरिस के परीक्षा फॉर्म भरे के काम जारी बा। एही बीच विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग परीक्षा खातिर समय सारिणी जारी कs देले बा। जारी सारिणी के अनुसार ऑनर्स विषयन के परीक्षा सात दिसंबर से सुरू हो जाई आ 11 दिसंबर तक चली। हर दिन दु पालियन में परीक्षा होई।

सबेरे नव बजे से 12 बजे तक पहिला पाली में ग्रुप ए आ ग्रुप सी के विषयन के परीक्षा लिहल जाई। दुपहरिया 1:15 बजे से सांझ 4:15 बजे तक दूसरका पाली में ग्रुप बी आ ग्रुप डी में सामिल विषयन के परीक्षा होई। विश्वविद्यालय के ओर से परीक्षा के लेके गाइडलाइन जारी कइल गइल बा।

गाइडलाइन में बतावल गइल बा कि कवनो इस्थिति में परीक्षा के बहिष्कार मान्य ना होई। कवनो छात्र के परीक्षा छोड़ला पs अलग से परीक्षा आयोजित ना कइल जाई, ना परीक्षा केंद्र के बदलल जाई।

26 नवंबर के सामान्य पर्यावरण अध्ययन के एग्जाम

26 नवंबर के सामान्य पर्यावरण अध्ययन के परीक्षा लिहल जाई। जेमे पहिला पाली में साइंस आ कॉमर्स के छात्र परीक्षा दी लो। तs दूसरका पाली में आर्ट्स के छात्रन के परीक्षा होई। परीक्षा विभाग के ओर से ऑनर्स विषयन के संगही सब्सिडियरी आ जेनरल विषयन के परीक्षा के सारिणी जारी कs दिहल गइल बा। जारी सारिणी के अनुसार, परीक्षा 13 से 23 दिसंबर तक होई। इहो परीक्षा दु पालियन में लिहल जाई।

ग्रुप ए- रसायनशास्त्र, अर्थशास्त्र, जूलोजी, दर्शनशास्त्र आ आइएफएफ।

ग्रुप बी- भौतिकी, होम साइंस, भूगोल, बॉटनी, हिंदी आ कॉमर्स।

ग्रुप सी- गणित, अंग्रेजी, संगीत, इतिहास, एआइएच एंड सी, भोजपुरी।

ग्रुप डी- पॉलिटिकल साइंस, संस्कृत, सोशलोजी, मनोविज्ञान, उर्दू, रूरल इकोनॉमिक्स।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.