UPPSC PCS में कइसे होला सिलेक्शन? का बा प्रोसस; जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

    अगर रउआ भी यूपीपीएससी पीसीएस के तैयारी कर रहल बानी तs इs खबर रउआ खातिर बहुत फायदेमंद साबित होई। एह परीक्षा के तइयारी भा हाजिर होखे वाला अभ्यर्थियन खातिर एकर चयन प्रक्रिया से

Share

UPPSC Exam

 

 

अगर रउआ भी यूपीपीएससी पीसीएस के तैयारी कर रहल बानी तs इs खबर रउआ खातिर बहुत फायदेमंद साबित होई। एह परीक्षा के तइयारी भा हाजिर होखे वाला अभ्यर्थियन खातिर एकर चयन प्रक्रिया से अवगत होखल बहुते जरूरी बा. तs का रउरा एकर चयन प्रक्रिया के बारे में जानत बानी? अगर ना तs कवनो दिक्कत नइखे तs आजु हमनी के एह खबर के माध्यम से यूपीपीएससी पीसीएस के चयन प्रक्रिया के जानकारी मिल जाई।

चयन प्रक्रिया का होला? 

एकर चयन प्रक्रिया में तीन चरण होला। एहमें प्रारंभिक परीक्षा, मुख्य परीक्षा आ साक्षात्कार शामिल बा. सभकर मापदंड अलग-अलग होला.

यूपीपीएससी के प्रारंभिक परीक्षा 

यूपीपीएससी के मुख्य परीक्षा 

uppsc के साक्षात्कार 

प्रारंभिक परीक्षा में 250 वस्तुनिष्ठ प्रकार के सवाल होखेला। एह परीक्षा में नेगेटिव अंक भी बा। एकरा तहत हर गलत जवाब खातिर कुल अंक से 1/3 अंक काटल जाला। मुख्य परीक्षा में सिर्फ उहे परीक्षार्थी पात्र बाड़े जवन कि प्रारंभिक परीक्षा में पास होखेले। मुख्य परीक्षा में सफल होखे वाला उम्मीदवारन के साक्षात्कार दौर में बोलावल जाला जवना खातिर 100 अंक आवंटित कइल जाला.

आवेदन करे खातिर न्यूनतम उमिर सीमा का बा? 

जानकारी खातिर बता दीं कि यूपीपीएससी पीसीएस खातिर आवेदन करे के न्यूनतम उमिर 21 साल बा.

परीक्षा के कंडक्ट करेला?  

जानकारी खातिर बता दीं कि यूपीपीएससी पीसीएस के परीक्षा उत्तर प्रदेश लोक सेवा के ओर से चलावल जाला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.