गोरखपुर से चली 4 स्पेशल ट्रेन: दिल्ली, गुजरात, मुंबई आ उधना के सफर होई आसान; शेड्यूल जारी
गोरखपुर में दीपावली आ छठ परब के अवसर पs यात्रियन के बढ़त भीड़ के ध्यान रखत रेलवे प्रशासन चार गो नया फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन चलवले बा। एमे नई दिल्ली-सहरसा, टनकपुर-उधना-छपरा, गोरखपुर-बान्द्रा टर्मिनस आ वडोदरा-छपरा रूट पs चले वाली ट्रेन सामिल बाड़ी सs। ई स्पेशल ट्रेन अक्टूबर आ नवंबर के महीनन में अलग-अलग ट्रिप खातिर निर्धारित तारीखन पs चलावल जाई, जवना से यात्रियन के अतिरिक्त सुविधा आ राहत मिल सके।
ट्रेन 1- नई दिल्ली-सहरसा अनारक्षित स्पेशल ट्रेन (04012/04011)
ई ट्रेन नई दिल्ली से 28 अक्टूबर के रात 9:15 बजे चली, जेमे दिल्ली, कानपुर, ऐशबाग, गोंडा, बस्ती, खलीलाबाद आ गोरखपुर सहित कइयन गो प्रमुख स्टेशन सामिल होई। ट्रेन 30 अक्टूबर के सहरसा पहुंची आ ओहि दिन वापसी में सहरसा से चलके 31 अक्टूबर के नई दिल्ली लवटी। एह ट्रेन में कुल 16 कोच होई, जेमे 14 साधारण द्वितीय श्रेणी के कोच सामिल रही।
ट्रेन 2- टनकपुर-उधना-छपरा अनारक्षित फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (05021/05022)
ई ट्रेन टनकपुर से 29 अक्टूबर आ उधना से 30 अक्टूबर के चली। यात्रा के दौरान पीलीभीत, बरेली, मथुरा, कोटा, वडोदरा आ गोरखपुर जइसन महत्वपूर्ण स्टेशनन पs रुकी। एह ट्रेन में 22 कोच होई, जेमे शयनयान श्रेणी के कोच अनारक्षित रही, ताकि यात्रियन के जादे से जादे सुविधा मिल सके।
ट्रेन 3- गोरखपुर-बान्द्रा टर्मिनस फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (05029/05030)
गोरखपुर से 29 अक्टूबर, 2, 6, आ 10 नवंबर के चार ट्रिप खातिर बान्द्रा टर्मिनस जाये वाली ई ट्रेन त्योहारन पs यात्रियन के आवागमन के आसान बनाई। एह ट्रेन के मार्ग में रतलाम, वडोदरा, मथुरा आ कइयन गो आउर प्रमुख स्टेशन सामिल बा। वापसी में ट्रेन बान्द्रा से 31 अक्टूबर, 4, 8, आ 12 नवंबर के गोरखपुर खातिर चली। कुल 20 कोच वाली एह ट्रेन में सब साधारण द्वितीय श्रेणी के कोच होई।
ट्रेन 4- वडोदरा-छपरा फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (09125/09126)
वडोदरा से 30 अक्टूबर आ छपरा से 31 अक्टूबर के चले वाली एह ट्रेन के उद्देश्य लमहर दूरी के यात्रियन के स्पेशल सुविधा प्रदान कइल बा। गोरखपुर, देवरिया, सीवान, लखनऊ, कानपुर, टुण्डला आ कइयन गो प्रमुख स्टेशनन से होके गुजरे वाली ई ट्रेन 18 कोचन के संगे चलावल जाई, जेमे वातानुकूलित आ साधारण श्रेणी के कोच सामिल बा।
Comments are closed.