Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड में कांग्रेस के पहिला लिस्ट में 21 उम्मीदवार: 17 विधायकन में से 15 के टिकट; जेल में बंद आलमगीर आ उमाशंकर अकेला होल्ड पs 

38

झारखंड चुनाव खातिर कांग्रेस पहिला लिस्ट जारी कs देले बा। एमे 21 उम्मीदवारन के नाम के ऐलान कइल गइल बा। कांग्रेस जामताड़ा से इरफान अंसारी के टिकट दिहल गइल बा। रामगढ़ से ममता देवी के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

हजारीबाग से मुन्ना सिंह, जमशेदपुर पूर्व से डॉक्टर अजय कुमार, हटिया से अजय नाथ सहदेव, सिमडेगा से भूषण बारा के टिकट मिलल बा।

पार्टी 17 विधायकन में से 15 के फेर से टिकट देले बिया। पाकुड़ के विधायक आलमगीर आलम आ बरही विधायक उमाशंकर अकेला के नाम होल्ड पs रखल गइल बा। आलमगीर आलम जेल में बाड़ें। उनका जगह पत्नी भा बेटा के टिकट मिले के संभावना बा। हालांकि, अकेला पs संशय बनल बा।

21 कैंडिडेट्स में 5 महिला

पार्टी पांच महिला लोगन के चुनाव मैदान में उतरले बिया। एमे दीपिका पांडेय सिंह, अंबा प्रसाद साहू, ममता देवी, पूर्णिमा नीरज सिंह आ शिल्पी नेहा तिर्की बा लो। एमे से चार पिछला विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के टिकट पs जीतल रहे लो, जबकि शिल्पी उपचुनाव जीतके विधायक बनल रहली।
पार्टी हटिया से अजय नाथ शाहदेव आ मांडू से जयप्रकाश भाई पटेल के चुनाव मैदान में उतरले बिया। मांडू सीट पs झामुमो अड़ल रहे, बाकिर आखिरकार ई सीट कांग्रेस के खाता में गइल। ओहिजा, सजा पs रोक लगला के बाद ममता देवी के फेर से रामगढ़ से उतारल गइल बा। एगो आपराधिक ममिला में सजा मिलला के बाद ममता के विधायकी खत्म हो गइल रहे।

29 सीटन पs सहमति बनल 

सूत्रन के मोताबिक इंडिया गठबंधन में कांग्रेस के 29 सीट देला पs सहमति बनल बा। एमे पाकुड़, बरही, धनबाद, बोकारो, कांके, पांकी, डालटनगंज आ विश्रामपुर सीट सामिल बा। हालांकि, सीट शेयरिंग के अधिकृत घोषणा नइखे भइल। एहिसे कुछ सीट बदलियो सकत बा।

13 नवंबर के पहिला फेज के वोटिंग

झारखंड में 13 नवंबर के पहिला चरण के मतदान होखे के बा। एकरा खातिर अधिसूचना जारी कs दिहल गइल बा। पहिला चरण खातिर 25 अक्टूबर तक नामांकन प्रक्रिया चली। एकरा बाद 28 अक्टूबर के परचा के जांच कइल जाई। 30 अक्टूबर तक प्रत्याशी आपन नाम वापस ले सकत बा लो।

दूसरका चरण में 20 नवंबर के मतदान हो। एकरा खातिर 30 अक्टूबर के परचा के स्क्रूटनी कइल जाई। एक नवंबर तक प्रत्याशी आपन नाम वापस ले सकत बा लो। 23 नवंबर के मतगणना होई।

झारखंड विधानसभा में 81 सीट

झारखंड विधानसभा में 81 सीट बा। हैं। एमे 44 अनारक्षित, 28 ST आ नव SC खातिर सुरक्षित सीट बा। निर्वाचन आयोग के आंकड़न के अनुसार 15 अक्टूबर 2024 तक झारखंड में कुल 2.6 करोड़ मतदाता बा। एमे 1.29 करोड़ महिला आ 1.31 करोड़ पुरुष बा लो। एह चुनाव में 11.84 लाख नवहा पहिला बेर अपना मताधिकार के इस्तेमाल करी लो।​​​

994120cookie-checkझारखंड में कांग्रेस के पहिला लिस्ट में 21 उम्मीदवार: 17 विधायकन में से 15 के टिकट; जेल में बंद आलमगीर आ उमाशंकर अकेला होल्ड पs 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.