Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News : पटना में बिस्कोमान के रिटायर्ड अधिकारी आ उनकी पत्नी के हत्या

28

पटना में एगो दिल दहला देवे वाला मामला सोझा आइल बा। पाटलीपुत्र थाना से महज 130 मीटर दूर अपराधी एगो बुजुर्ग जोड़ा के हत्या कऽ देले बाड़े। प्राइमा फेसी से लागत बा कि दुनु जने के बेरहमी से हत्या कऽ दिहल गइल बा। माथा पऽ गंभीर घाव के निशान बा। घटना मंगर के पटलीपुत्र थाना क्षेत्र के नेहरू नगर रोड नंबर 2 पs इस्थित मकान नंबर 62 के पहिला मंजिल पs भईल। घटना के बाद इलाका में दहशत मच गइल। पास में लोग के भीड़ रहे। मरेवाला के पहचान सिवान के नौतन थाना क्षेत्र के पचलखी गांव के निवासी एनके श्रीवास्तव (74 साल) आ उनकर पत्नी सुजाता देवी (68 साल) के रूप में भइल बा। एन के श्रीवास्तव बिस्कोमौन के सेवानिवृत्त अधिकारी रहले।

रसोई में एगो बुजुर्ग महिला के लाश मिलल

इहाँ सूचना मिलते पुलिस मौका प पहुंच के जांच शुरू कऽ देलस। तुरंत फोरेंसिक टीम के बोलावल गइल। पटना के केंद्रीय एसपी स्वीटी सेहरावत बतवली कि घटना मंगलवार के दुपहरिया के भइल लागता। दुपहरिया एक बजे के आसपास दुनो लोग के बीच विवाद हो गईल। लोग हल्ला सुनले रहे। रसोई में एगो बुजुर्ग महिला के लाश मिलल। उनकर पति के लाश बेडरूम में रहे। अभी तक लूटपाट के सबूत नइखे मिलल। इनकर तीन बेटा बाड़े। एगो नीदरलैंड में रहेला, दोसर दुबई में आ तीसरा दिल्ली में। खाली इ लोग पटना में रहत रहे। किरायेदार भूतल पर रहेले।

कमरा से रसोई में खून पसरल रहे

पुलिस के कहनाम बा कि घटना दुपहरिया में ही भईल देखाई देता। काहे कि कमरा से रसोई में खून फइलल रहे। खून सूख गइल रहे। मामला के जांच जारी बा। किरायेदार आ पास के लोग से पूछताछ चल रहल बा। सीसीटीवी फुटेज के जाँच कइल जा रहल बा। ए मामला में आगे के कार्रवाई चलता।

988220cookie-checkBihar News : पटना में बिस्कोमान के रिटायर्ड अधिकारी आ उनकी पत्नी के हत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.